[the_ad_group id="30365"]

धीरेंद्र शास्त्री के मारे के धमकी: बरेली के युवक इंस्टाग्राम पs लिखलस- बाबा के मउत मंडरा रहल बा; गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बरेली के हाफिजगंज थाना क्षेत्र के खाता गांव के निवासी अनस अंसारी सोशल मीडिया पs बागेश्वर धाम के बाबा धीरेंद्र कृष्ण शास्त्री के जान से मारे के धमकी देले बाड़े। आरोपी इंस्टाग्राम पs धमकी देवे वाला मैसेज भेजलस। उनुका संदेश के स्क्रीनशॉट वायरल होखला के बाद अतवार के हिन्दू संगठन कार्रवाई के मांग कईले। एकरा पs रिठौरा चौकी प्रभारी नवीन कुमार के ओर से आरोपी के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज करावल गईल। पुलिस आरोपी अनस अंसारी के हिरासत में लेले बिया।

हाफिजगंज थाना के इंस्पेक्टर चेतराम वर्मा बतवले कि आरोपी के चैट के स्क्रीनशॉट वायरल होखता। एहमें ऊ आपत्तिजनक शब्दन के प्रयोग कs के एगो बाबा के हत्या के बात कइले बा। आरोपी लिखले बा कि बाबा के मउत मंडरा रहल बा। आरोपी के मैसेज के स्क्रीनशॉट ट्वीट कs के बहुत लोग एकर शिकायत कईले रहले। शिकायत पs आरोपी के हिरासत में लेके पूछताछ कईल गईल। पूछताछ के दौरान उ बागेश्वर धाम के पीठाधीश्वर धीरेंद्र कृष्ण शास्त्री के हत्या के धमकी देवे के बात कबूल कइलस।

ट्वीट में मुख्यमंत्री के धमकावे के आरोप

बहुत लोग आरोपी युवक के चैट के स्क्रीनशॉट ट्वीट क देले बाड़े। बहुत लोग उनुका पs बाबा शब्द के लेके मुख्यमंत्री के जान से मारे के धमकी देवे के आरोप लगवले। निरीक्षक बतवले कि पूछताछ के दौरान आरोपी मुख्यमंत्री के धमकी देवे से इनकार कइलस।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]