[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ एयरपोर्ट के बम से उड़ावे के धमकी, मचल हड़कंप; बम स्क्वायड दस्ते के साथे पुलिस कइलस पड़ताल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ:  चौधरी चरण सिंह अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा के बम से उड़ावे के धमकी एतवार के सांझ के मेल से मिलल। मेल एयरपोर्ट अथॉरिटी के करीब चार बजे मिलल रहे। एकरा बाद आंतरिक सुरक्षा अलर्ट कऽ दीहल गइल आ पुलिस के सूचना दिहल गइल। आनन-फानन में एसीपी कृष्णानगर विनय कुमार द्विवेदी इंस्पेक्टर सरोजनीनगर शैलेंद्र कुमार गिरी एलआइयू आ बम स्क्वायड दस्ता के टीम मौका पs पहुंचल।

लखनऊ। चौधरी चरण सिंह अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा के बम से उड़ावे के धमकी रविवार सांझ खा मेल से मिलल। मेल एयरपोर्ट अथॉरिटी के करीब चार बजे मिलल रहे। एकरा बाद आंतरिक सुरक्षा अलर्ट कऽ दिहल गइल आ पुलिस के सूचना दिहल गइल।

आनन-फानन एसीपी कृष्णानगर विनय कुमार द्विवेदी, इंस्पेक्टर सरोजनीनगर शैलेंद्र कुमार गिरी, एलआइयू आ बम स्क्वायड दस्त के टीम मौका पs पहुंचल। करीब डेढ़ से दू घंटा ले चेकिंग कइल गइल। परिसर में कवनो संदिग्ध वस्तु ना मिलल। सीसी कैमरन के रिकार्डिंग कंट्रोल रूम से देखल गइल। हालांकि सीसी कैमरन में कवनो संदिग्ध व्यक्तियो ना देखल गइल।

सुरक्षाकर्मियन लो कइल चेकिंग

एयरपोर्ट अथारिटी के सूचना पs मेल भेजे वाला के बारे में जानकारी जुटावे खातिर साइबर क्राइम सेल के लगावल गइल बा। एसीपी बतवले कि सूचना के आधार चेकिंग कइल गइल रहे। कवनो संदिग्ध वस्तु नइखे मिलल। एकरा बाद सीआइएसएफ, सुरक्षा कर्मियन आ एयरपोर्ट अथारिटी के अधिकारियन के साथे बइठक कइल गइल। एकरा पहिले हालही में शहर के दू गो नामचीन स्कूल आ हजरतगंज मेट्रो स्टेशन के बम से उड़ावे के धमकी मेल से मिल चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]