[the_ad_group id="30365"]

मथुरा में शाही मस्जिद ईदगाह के उड़ाने के धमकी

Edgah
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मथुरा में एगो युवक बम से उड़ावे के धमकी देके कार से ईदगाह में घुसे के कोशिश कइलस। आधा घंटा के संघर्ष के बाद पुलिस युवक के हिरासत में ले लेलस। पूछताछ के दौरान पता चलल कि युवक मानसिक रूप से बेमार बा। पुलिस ओकरा गाड़ी के चालान जारी कइले रहे जवना के बाद उऽ खिसिया गइल। बता दीं कि इदगाह में कड़ा सुरक्षा गार्ड बा।

एगो युवक शाही मस्जिद ईदगाह के बम से उड़ावे के धमकी देके कार के ईदगाह ले जाए के कोशिश कईलस। युवक के हरकत देख पुलिसकर्मी चौंक गइल। आधा घंटा के प्रयास के बाद पुलिस युवक के हिरासत में लेके गोविंद नगर पुलिस के सौंप देलस। पूछताछ के दौरान सोझा आइल कि युवक पागल बा।

जमुना पर थाना क्षेत्र के मीरा विहार कालोनी निवासी पुष्पेन्द्र एतवार के दुपहरिया 12:30 बजे वैगनआर कार से ईदगाह में घुसे के कोशिश शुरू कऽ देलस। इदगाह में ड्यूटी पs लागल पुलिसकर्मी बैरियर के नजदीक गाड़ी के घुसत देख के ओकरा के रोके के कोशिश कइले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]