[the_ad_group id="30365"]

केरल में Nipah virus के बढ़ल खतरा, 60 लोग हाई रिस्क पऽ; रोकथाम के उपाय तेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केरल में निपाह वायरस के प्रकोप बढ़ रहल बा। शनिचर के दिने एगो 14 बरीस के किशोरी में निपाह वायरस के पुष्टि भइल रहे। राज्य के स्वास्थ्य मंत्री वीना जॉर्ज भरोसा दिअवले बाड़ी कि राज्य एह मुद्दा से निपटे खातिर पूरा तरे तैयार बा। शनिचर के दिने एगो उच्च स्तरीय बइठक भइल जवना में निपाह वायरस के प्रसार रोके खातिर उठावल जाए वाला कदम पर चरचा भइल।

केरल में निपाह वायरस के पांचवा मामला सामने आइल बा।  मलप्पुरम में 14 साल के किशोरी में निपाह वायरस के पुष्टि भइल बा। राज्य में कोरोना वायरस के संभावित प्रकोप के लेके अलर्ट बा। ओने केरल के स्वास्थ्य मंत्री वीना जॉर्ज के अध्यक्षता में शनिचर के दिने मलप्पुरम जिला में एगो उच्च स्तरीय बइठक भइल जवना में निपाह वायरस के फइलावे से बचाव खातिर उठावे वाला कदम पर चरचा कइल गइल।

मलप्पुराम में निपाह वायरस के प्रकोप के बाद स्वास्थ्य मंत्री वीना जार्ज कहली कि राज्य ए मुद्दा से निपटे खातिर पूरा तरीका से तैयार बा। उऽ बतवले कि प्राथमिक संपर्क सूची में 214 लोग बाड़े, जबकि 60 लोग के उच्च जोखिम बा। एकरा संगे संपर्क सूची में शामिल सभ लोग के अलग-थलग कऽ दिहल जाई।

स्वास्थ्य मंत्री कहले कि मलप्पूराम में निपाह वायरस के पुष्टि भईला के बाद रोकथाम के उपाय तेज कइल गइल बा। आजु सबेरे से जोरदार गतिविधि हो रहल बा। राज्य पूरा तरह से तैयार बा। निपाह नियंत्रण खातिर सरकारी आदेश के तहत बनल मानक संचालन प्रक्रिया (एसओपी) के आधार पs 25 समिति बनावल गइल बा। शनिचर के सबेरे से संपर्क ट्रेसिंग शुरू हो गइल बा।

स्वास्थ्य मंत्री प्राथमिक संपर्क सूची में 214 लोग के रहल बतवले। एहमें शामिल करीब 60 लोग हाई रिस्क कैटेगरी में बा। मंजेरी मेडिकल कॉलेज में 30 गो आइसोलेशन रूम के व्यवस्था हो गइल बा। एकरा अलावे कोझिकोड मेडिकल कॉलेज में जरूरी आइसोलेशन वार्ड के भी व्यवस्था कइल गइल बा। रूट मैप प्रकाशित कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]