Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मौनी अमवस्या पs गंडक में हजारन भक्त लगावल लो डुबकी : छोटी नदियन से लेके नारायणी तट तक भारी भीड़, सीमावर्ती, यूपी से पहुंच रहल बा लोग

1,110

गोपालगंज में मौनी अमवस्या के अवसर पs जिला के कुचायकोट प्रखंड विश्वंभरपुर इस्थित गंडक नदी में हजारन के संख्या में श्रद्धालु अलग-अलग घाटन पs आस्था के डुबकी लगवलस। एह मवका पs जिला के छोट नदियन से लेके नारायणी तट तक भारी भीड़ आ चहल-पहल देखल गइल। नदी किनारे मेला के आयोजन कइल गइल, जहां लोग अलग-अलग सामानन के खरीदारी कइल।

सनातन धर्म में मौनी अमावस्या परब के बहुत जादे महत्व मानल जाला। हर साल माघ महीना के कृष्ण पक्ष के अमावस्या तिथि के अमावस्या के परब मनावल जाला। एह तिथि के दिन लाखन के संख्या में भक्त गंगा स्नान करत नजर आवेला। एह पावन अवसर पs जिला के गंडक नदी में आज श्रद्धालु स्नान, दान कs के पुण्य के भागी बनीं। जिला के नारायणी नदी के तट पs विश्वम्भरपुर जहां सीमावर्ती उत्तर प्रदेश आ प्रखंड क्षेत्र के हजारन लोग नहान आ दान पुण्य कइल।

ऐतिहासिक रूप से लागे वाला एह मेला में भारी मात्रा में लकड़ी के बनल सामानन के बिक्री आ खरीददारी कइल गइल। लमहर समय से मौनी अमावस्या के अवसर पs एह घाट के लगे लागे वाला मेला में लकड़ी के तमाम सामानन के खरीद बिक्री कइल जाला। ओहिजा स्थानीय प्रशासन आ पुलिस कावर से कानून बेवस्था के देखत पर्याप्त मात्रा में पुलिस बल के तैनाती कइल गइल रहे।

733220cookie-checkमौनी अमवस्या पs गंडक में हजारन भक्त लगावल लो डुबकी : छोटी नदियन से लेके नारायणी तट तक भारी भीड़, सीमावर्ती, यूपी से पहुंच रहल बा लोग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.