[the_ad_group id="30365"]

मौनी अमवस्या पs गंडक में हजारन भक्त लगावल लो डुबकी : छोटी नदियन से लेके नारायणी तट तक भारी भीड़, सीमावर्ती, यूपी से पहुंच रहल बा लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज में मौनी अमवस्या के अवसर पs जिला के कुचायकोट प्रखंड विश्वंभरपुर इस्थित गंडक नदी में हजारन के संख्या में श्रद्धालु अलग-अलग घाटन पs आस्था के डुबकी लगवलस। एह मवका पs जिला के छोट नदियन से लेके नारायणी तट तक भारी भीड़ आ चहल-पहल देखल गइल। नदी किनारे मेला के आयोजन कइल गइल, जहां लोग अलग-अलग सामानन के खरीदारी कइल।

सनातन धर्म में मौनी अमावस्या परब के बहुत जादे महत्व मानल जाला। हर साल माघ महीना के कृष्ण पक्ष के अमावस्या तिथि के अमावस्या के परब मनावल जाला। एह तिथि के दिन लाखन के संख्या में भक्त गंगा स्नान करत नजर आवेला। एह पावन अवसर पs जिला के गंडक नदी में आज श्रद्धालु स्नान, दान कs के पुण्य के भागी बनीं। जिला के नारायणी नदी के तट पs विश्वम्भरपुर जहां सीमावर्ती उत्तर प्रदेश आ प्रखंड क्षेत्र के हजारन लोग नहान आ दान पुण्य कइल।

ऐतिहासिक रूप से लागे वाला एह मेला में भारी मात्रा में लकड़ी के बनल सामानन के बिक्री आ खरीददारी कइल गइल। लमहर समय से मौनी अमावस्या के अवसर पs एह घाट के लगे लागे वाला मेला में लकड़ी के तमाम सामानन के खरीद बिक्री कइल जाला। ओहिजा स्थानीय प्रशासन आ पुलिस कावर से कानून बेवस्था के देखत पर्याप्त मात्रा में पुलिस बल के तैनाती कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]