ई बनी यूपी के 76वाँ जिला, शासन डीएम से मंगलस प्रस्ताव

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 15, 2024

        उत्तर प्रदेश के महाराजगंज जिला के जल्दिए दु जिला में बांटल जाई, जवना में गोरखपुर के कुछ हिस्सा भी शामिल होई। अयीसना में यूपी में 75 ना, 76 जिला होई। फरेन्दा

Share

उत्तर प्रदेश का 76वां जिला: फोटो

 

 

 

 

उत्तर प्रदेश के महाराजगंज जिला के जल्दिए दु जिला में बांटल जाई, जवना में गोरखपुर के कुछ हिस्सा भी शामिल होई। अयीसना में यूपी में 75 ना, 76 जिला होई। फरेन्दा तहसील मुख्यालय के जिला बनावे के प्रयास तेज हो गईल बा। एकरा खातीर राजस्व विभाग गोरखपुर कलेक्टर के चिट्ठी लिख के जिला बनावे के प्रस्ताव मंगले बा।

असल में गोरखपुर जिला के तहसील बौपियरगंज आ महाराजगंज जिला के तहसील फरेन्दा आ नौतनवा के मिला के राज्य के 76वां जिला बनावे के तइयारी हो रहल बा. एह जिला के नाँव फरेंदा रखल जा सके ला। एकरा बारे में राजस्व विभाग के एगो चिट्ठी सामने आइल बा.

राजस्व परिषद के आयुक्त आ सचिव द्वारा डीएम गोरखपुर के लिखल पत्र में लिखल गइल बा कि एs संबंध में जनपद महराजगंज के तहसील फरेन्दा तहसील नौतनवा आ जनपद गोरखपुर के तहसील बौपियरगंज के मिलाके जनपद फरेंदा बनवले के सम्बन्ध में आपन आख्या आ सुस्पष्ट संस्तुति आयुक्त, गोरखपुर मंडल, गोरखपुर के माध्यम से परिषद के उपलब्ध कराए के कष्ट करीं।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.