[the_ad_group id="30365"]

Bigg Boss 18: सलमान, गोविंदा, आमिर, शाहरुख के इs टॉप हीरोइन करिहें शो में एंट्री, नाम सुन चौंकले फैंस

Bigg Boss 18: photo
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिग बॉस 18 के लेके बहुत दिन से चर्चा चल रहल बा। एह शो के हिस्सा बने खातिर बहुते सेलेबियन के नाम पहिलहीं से सामने आ चुकल बा. कुछ लोकप्रिय टीवी कलाकारन आ बॉलीवुड कलाकारन के नाम भी सामने आइल बा, जे एह शो के हिस्सा हो सकेलें। अब एह शो के ताजा खबर आवत बा बॉलीवुड के रंगीला लड़की यानी उर्मिला मातोंडकर के. हँ, ताजा खबरन के मुताबिक बॉलीवुड अभिनेत्री उर्मिला मातोंडकर बिग बॉस 18 के हिस्सा बन सकेली.

बता दीं कि उर्मिला मातोंडकर सलमान खान के साथे फिल्म जानम समझा करो में काम कइले बाड़ी आ दुनु जने के बीच बढ़िया बंधन बा. दुनु जने के ई फिलिम 1999 में रिलीज भइल रहे. हाल ही में उर्मिला भी पति मोहसीन से तलाक के खबर में रहे। हालांकि अबे ले तलाक पs ना उर्मिला के ओर से कवनो बयान नईखे आईल अवुरी ना उनुका पति मोहसीन के ओर से। बता दीं कि उर्मिला के अलावा बॉलीवुड अभिनेत्री शिल्पा शिरोडकर आ शांतिप्रिया के नाम भी सामने आ रहल बा, जे एह सीजन में प्रतियोगी के रूप में शो में भाग ले सकेलें।

एह सेलेब्स के शो में देखल जा सकेला 

निया शर्मा, करणवीर मेहरा, शोएब इब्राहिम, धीरज धूपर, शहजादा धामी, नायरा बनर्जी, अविनाश मिश्रा कुछ अइसन स्टार बाड़े जे एह शो में आकर्षण जोड़ सकेलें. जानकारी खातिर बता दीं कि” बिग बॉस 18″ 6 अक्टूबर से शुरू होखे वाला बा जवना के होस्ट सलमान खान होखीहें.

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]