[the_ad_group id="30365"]

नरेंद्र मोदी के तीसरका बेर पीएम बनला पऽ पत्नी जशोदा बेन से पूछल गइल सवाल, जानीं का दिहली जवाब?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जशोदा बेन निजी यात्रा पर आगरा अइली तऽ मीडियाकर्मी उनका से अइसन कई गो प्रश्न पूछले बाकिर उऽ सब प्रश्नन के मुस्कुरा के टार देली आ कवनो प्रतिक्रिया ना देली। भाई अशोक मोदी बतवले कि भोरे उऽ मेहंदीपुर बालाजी मंदिर में दर्शन कइली। उहाँ से अचानक आगरा आवे के योजना बन गइल। सांझ होखते उऽ अपना कार से गुजरात खातिर रवाना हो गइली।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी तीसरका बेर प्रधानमंत्री बनल बाड़े, पूरा देश वासियन के उनका से तमाम उम्मीद बा। रउआ एह तीसरका कार्यकाल में उनका से का उम्मीद करत बानीं ? अइसन कवन काम बा , जवन रउआ पूरा होखत देखल चाहऽ तानी ? गुरुवार के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के पत्नी जशोदा बेन निजी यात्रा पर आगरा अइली, तऽ मीडियाकर्मी उनका से अइसने कई गो प्रश्न पूछले, बाकिर उऽ सब प्रश्न के मुस्कुरा के टार देली आ कवनो प्रतिक्रिया ना देली।

उऽ पूर्व ब्रज क्षेत्र मंत्री मंजू सिंह राठौर के आवास पs भाई अशोक मोदी के साथे पहुंचल रहली। शाम 4:30 बजे पहुंचके उऽ तनि आराम कइली आ ओकरा बाद व्रत होखे के कारण फलाहार कइली। भाई अशोक मोदी बतवले कि भोरे उऽ मेहंदीपुर बालाजी मंदिर में दर्शन कइली। उहाँ से अचानक आगरा आवे के योजना बन गइल।

मुस्‍कुरा के सब सवालन के टार गइली जशोदा बेन  

इहाँ भाजपा नेत्री मंजू सिंह राठौर, उनकर पति प्रमोद सिंह राठौर आ आउर स्वजन स्वागत कइले। सांझ होखते उऽ आपन कार से गुजरात खातिर रवाना हो गइली। उनका आवे के सूचना पs मीडियाकर्मी पहुंच गइले आ उनका से बातचीत के प्रयास करे लगले। बाकिर उऽ इहाँ जतना देर रुकली, मीडिया के प्रश्नन पs कवनो प्रतिक्रिया ना देली। खाली मुस्कुरा के सब प्रश्नन के टार गइली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]