[the_ad_group id="30365"]

इ त हद बा ! जब युवक समय पे मिले खातीर ना पहुंचल त दबंग कुल 45 सेकंड में 25 झापड़ , 6 लात आ पांच चप्पल मरले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के कानपुर महानगर में एगो वीडियो सोशल मीडिया पे तेजी से वायरल हो रहल बा। एह वीडियो में एगो लईका के बेरहमी से मारपीट कईल जाता। उनकर चेहरा पे एक के बाद एक थप्पड़ मारल जा रहल बा। 45 सेकंड के ए वीडियो में स्थानीयता के दुगो दबंग लईका के करीब 25 बेर थप्पड़ मारत देखाई देतारे। इ मामला कानपुर महानगर के कल्याणपुर इलाका से जुड़ल बा।

वायरल वीडियो के मुताबिक दुगो गुंडा एगो लईका के मारत बाने। 45 सेकंड के एह वीडियो में 25 थप्पड़ के संगे लईका के लात मारत आ थप्पड़ मारत भी देखाई देता। लईका के अपराध सिर्फ इ रहे कि पिटाई करेवाला लईका ओकरा के कवनो चौराहा पे मिले खातीर बोलवले रहले, लेकिन उ समय रहते ना पहुंचल। एकरा चलते ओ लईका के बहुत मारत बा। एकरा संगे जब इ वीडियो सोशल मीडिया पे वायरल होखता त पुलिस अब ए मामला के जांच शुरू क देले बिया।

एसीपी कल्याणपुर विकास पाण्डेय बतवले कि एह वीडियो के संज्ञान में लेके 4 गो लड़िकन के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। हालांकि अभी तक केहु के पहचान नईखे भईल। पुलिस टीम लगातार आरोपी के पहचान करे में लागल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]