[the_ad_group id="30365"]

Facebook Messenger के इ फीचर होखे जाता बंद,नाहीं भेज पाइब मैसेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

फेसबुक मैसेंजर : जदी आप डिफ़ॉल्ट मैसेजिंग अकाउंट के संगे फेसबुक मैसेंजर के इस्तेमाल करतानी, त आपके निम्नलिखित खबर के जानकारी होखे के चाही। मेटा के स्वामित्व वाला फेसबुक मैसेंजर के अब डिफ़ॉल्ट एसएमएस मैसेजिंग ऐप के रूप में इस्तेमाल ना कईल जा सकता। कंपनी अगिला महीना 28 सितंबर से एगो ऐप के माध्यम से संदेश भेजे के सुविधा बंद क देले बिया।

डिफ़ॉल्ट मैसेजिंग खातिर इस्तेमाल ना कs पइहें

मेटा के मुताबिक, कंपनी अपना फेसबुक मैसेंजर के डिफ़ॉल्ट एसएमएस मैसेजिंग के रूप में इस्तेमाल करे के फीचर बंद करे वाला बा। अगर यूजर 28 सितंबर के बाद आपन ऐप अपडेट करीहे त उ अपना सेल्युलर नेटवर्क से भेजल एसएमएस के सुविधा के लाभ ना उठा पईहे।

हालांकि यूजर अपना सेल्युलर नेटवर्क पs एसएमएस मैसेज भेज अवुरी रिसीव क सकेले, लेकिन उनुका नाया डिफ़ॉल्ट एसएमएस मैसेजिंग ऐप के इस्तेमाल करे के होई। मतलब यूजर दोसरा ऐप के मदद से मैसेज भेज सकेलें आ रिसीव कs सकेलें।

का पुरान मैसेज हटा दिहल जाई?

फेसबुक मैसेंजर से डिफ़ॉल्ट एसएमएस मैसेजिंग फीचर बंद होखला के बाद भी यूजर के पुरान मैसेज डिलीट ना होई। यूजर कवनो दोसर डिफ़ॉल्ट एसएमएस ऐप सिलेक्ट कs के ओहिजा मैसेज हिस्ट्री देख सकेलें। कंपनी के कहनाम बा कि पुरान एसएमएस मैसेज के अवुरी ऐप में भी देखल जा सकता।

कंपनी के मुताबिक, ए फीचर के बंद होखला के बाद जदी यूजर आपन नाया डिफ़ॉल्ट मैसेजिंग ऐप ना चुनीहे त उनुकर एसएमएस मैसेज एंड्रॉयड मैसेज ऐप चाहे अवुरी डिफ़ॉल्ट मैसेजिंग ऐप में अपने आप जोड़ल जाई।

मैसेंजर के एसएमएस इंटीग्रेसन के फेसबुक 2016 में पेश कईले रहे ताकि मोबाइल फोन पs एप्पल के आईमैसेज अवुरी गूगल एंड्रॉयड मैसेज के मुकाबला कईल जा सके। जवन यूजर फेसबुक मैसेंजर के आपन डिफ़ॉल्ट ऐप सेट कईले रहले, उ ए ऐप में अपना फेसबुक फ्रेंड्स के भेजल मैसेज के संगे एसएमएस भी देख सकतारे।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]