[the_ad_group id="30365"]

20 साल के बाद जेल से बाहर अइले पूर्वांचल के इ बाहुबली नेता, मधुमिता शुक्ला हत्याकांड में दोषी ठहरावल गइल रहले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Madhumita Shukla Murder Case : 20 साल के मशहूर कवियत्री मधुमिता शुक्ल हत्या के मामिला में उम्रकैद के सजा काटत पूर्व मंत्री अमरमणि त्रिपाठी अवुरी उनुकर पत्नी मधुमणि त्रिपाठी के जेल से रिहा क दिहल जाई। राज्यपाल के अनुमति पs जेल प्रशासन अवुरी सुधार विभाग रिहाई के आदेश जारी क देले बा। दुनु जने 20 साल से अधिका समय से जेल में बंद बाड़े। बता दीं कि करीब 20 साल पहिले राज्य के राजधानी लखनऊ के पेपरमिल कॉलोनी में कवियत्री मधुमिता शुक्ला के हत्या हो चुकल रहे। मामिला के जांच सीबीआई के दिहल गईल। एहमें पूर्व मंत्री अमरमणि त्रिपाठी आ उनुकर पत्नी मधुमणि त्रिपाठी के दोषी करार दिहल गइल रहे।

इहे बा पुरा मामिला

दरअसल कोर्ट जेल में बढ़िया व्यवहार करेवाला कैदी के रिहा करे के आदेश देले रहे। एकरा बाद अमरमणि अवुरी उनुकर पत्नी कोर्ट में दया याचिका दायर कईले। एकरा बाद कोर्ट दुनो के जेल से रिहा करे के आदेश देलस, लेकिन देरी भईल, जवना पs अमरमणि अवमानना ​​के मामला दर्ज करवले। एकरा बाद सरकार दुनो लोग के रिहा करे के आदेश जारी कs देलस। अमरमणि अवुरी उनुकर पत्नी पछिला 20 साल, एक महीना अवुरी 19 दिन से जेल में रहले। अब दुनु बाहर आ जइहें।

कवियत्री मधुमिता शुक्‍ला के हत्या कब भइल

बता दीं कि 9 मई 2003 के लखनऊ के पेपरमिल कालोनी निशातगंज में मशहूर कवियत्री मधुमिता शुक्ला के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल रहे। हत्या के बाद मधुमिता अवुरी अमरमणि के प्रेम प्रसंग के जानकारी सोझा आईल, ओ समय राज्य के बसपा सरकार अवुरी अमरमणि बसपा सरकार के कद्दावर मंत्री में शामिल रहले। बतावल जाता कि जेल गईला के बाद भी पूर्व मंत्री अमरमणि के हनक कम ना भईल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]