रात के सुते से पहिले जरूर क लेवे के चाहि इ आसन, बीमारी रही आपसे कोसन दूर

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2023

आजकल व्यस्त दिनचर्या के चलते लोग के अपना खातिर समय कम बाचल बा, इ समस्या महिला के संगे जादे बा काहेकी उनुका प्रोफेशनल अवुरी निजी दुनो जीवन के संतुलन बनावे के पड़ेला। अइसना में ओह

Share

आजकल व्यस्त दिनचर्या के चलते लोग के अपना खातिर समय कम बाचल बा, इ समस्या महिला के संगे जादे बा काहेकी उनुका प्रोफेशनल अवुरी निजी दुनो जीवन के संतुलन बनावे के पड़ेला। अइसना में ओह लोग के अपना खातिर कम समय बाचल बा। जवना के चलते महिला स्वास्थ्य से जुड़ल समस्या जईसे अनिद्रा, मोटापा से जादे शिकार होखेली। अयीसना में जदी आप रात में 10 से 15 मिनट निकाल के इहाँ बतावल गईल ३ आसन (योग) करीं त आप बेमारी से बहुत दूर होखब।

अगर रउरा मानसिक रूप से परेशान बानी त निद्रा योग जरूर करीं। एकरा के शवासन भी कहल जाला। एहसे साँस लेबे से जुड़ल समस्या दूर हो जाला। अइसना में रउरा ई योग जरूर करीं। इ योग भी कईल आसान बा।

•आप भी भ्रामरी योगासन क सकेनी। एह में रउरा मधुमक्खी जइसन आवाज निकाले के पड़ी। एकरा से शरीर में सकारात्मक ऊर्जा के संचार होला।नींद से 10 मिनट पहिले इ योग करीं। गहिरा नींद लेवे में इ कारगर साबित होई।।

•बालसन भी क सकेनी। रउरा के फिट राखे खातिर भी इहे सबसे बढ़िया बा। एह आसन के कइला से मन शांत हो जाई आ शरीर के आराम मिल जाई। इ मुद्रा पीठ अवुरी गर्दन के बढ़िया खिंचाव करेले। दूसर ओर सेतुबंधासन कईला से स्तन, गर्दन अवुरी रीढ़ के हड्डी के बढ़िया खिंचाव होखेला। एकरा से तनाव मुक्त भी हो जानी।

• अनुलोम विलोम कइला से राउर शरीर के भी राहत मिली। एकरा से पहिले सुखासन मुद्रा में बईठ जाईं। इ आपके पेट खातीर बहुत निमन साबित होई। पेट के मांसपेशी मजबूत हो जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.