[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर एयरपोर्ट के थर्ड टर्मिनल बनके तइयार: एक संगे चेक-इन एरिया में बइठ सकी लो 550 यात्री, एंट्री-एग्जिट खातिर बनी गेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर एयरपोर्ट हर दिन विकसित हो रहल बा। दु फेज के टर्मिनल के यात्रियन खातिर खोलला के संगही अब तीसरका फेज के टर्मिनल के खोले जे कवायद सुरू हो गइल बा। थर्ड फेज के टर्मिनल पूरा तरे बनके तइयार हो गइल बा। एकरा के अगगिला 15 से 20 दिन के भीतर यात्रियन खातिर खोल दिहल जाई।

नया टर्मिनल में आये-जाये वाला यात्रियन खातिर रेस्टोरेंट आ शॉपिंग खातिर दोकानो बा। इहां रेस्टोरेंट के बेवस्था दिहल गइल  बा। एकरा खुल गइला से अब एक संगे चेक-इन एरिया में 550 यात्री बइठ सकी लो। अभी तक एक बेर में खाली 350 यात्री चेक इन कs सकत बा लो।

11 करोड़ से भइल निर्माण

एकरा निर्माण में 11 करोड़ रुपिया के खर्च आइल बा। एह टर्मिनल में स्वचालित सीढ़ियन, टिकट काउंटर, चेकइन काउंटर के संगही कैफेट एरिया, कॉफी शॉप, छोट-छोट आउर दुकानन के संगही ATM लगावल जाई। कैंपस में 10 गो चेकिंग काउंटर बा आ आगमन हॉल में सामान लेवी खातिर दुगो बेल्ट लगावल गइल बा। नया टर्मिनल के सेफ्टी टीम निरीक्षण कs चुकल बिया। उम्मीद बा कि अगिला कुछ दिनन में उहां से इसे खोले के मंजूरी मिल जाई।

नया टर्मिनल के काम पूरा

एयरपोर्ट निदेशक अनिल कुमार द्विवेदी बतवलें कि नया टर्मिनल के काम पूरा हो चुकल बा। संभावना बा कि अगिला 15 से 20 दिन में यात्रियन खातिर एकरा के खोल दिहल जाई। सब मानकन के मोताबिक यात्रियन के बेहतर सुविधा उपलब्ध करावल जाई।

4 गेट से होई इंट्री-एग्जिट

एयरपोर्ट के 44 एकड़ जमीन मिल गइला से जहां टर्मिनल के विस्तार होई। ओहिजा एप्रेन (जहाज की पार्किंग) के संख्या 10 हो जाई। एसे उड़ानन के संख्या बढ़ जाई आ गोरखपुर एयरपोर्ट टर्मिनल लखनऊ आ वाराणसी एयरपोर्ट के समकक्ष खड़ा हो सकी। एयरपोर्ट विस्तार में चार गो गेट बनावल जाएई। अति सुरक्षित बने वाला चारो गेट से प्रवेश आ निकासी दुनो होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]