[the_ad_group id="30365"]

TRE-3 के रद्द परीक्षा 19-22 जुलाई तक: BPSC जारी कइलस नोटिफिकेशन, अतिथि शिक्षकन के मवका; 87,774 पदन पs होखे के बहाली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में तीसरका चरण के रद्द भइल शिक्षक भर्ती परीक्षा 19 से 22 जुलाई के बीच आयोजित कइल जाई। परीक्षा एके पाली में आयोजित कइल जाई। एकरा के लेके मंगर के BPSC नोटिफिकेशन जारी कइल गइल बा। बता दीं कि TRE-3 के तहत 87 हजार 774 पदन पs बहाली होखे के बा।

एकरा संगही सेकेंडरी स्कूल के प्रधान शिक्षक के परीक्षा 28 जून आ प्राइमरी स्कूल के प्रधान शिक्षक के परीक्षा 29 जून के होई। एह दुनो परीक्षा खातिर 40 हजार पदन पs बहाली होई। एमे उच्च माध्यमिक विद्यालयन में प्रिंसिपल के 6 हजार 61 पद आ प्राइमरी स्कूल में प्रिंसिपल के 34 हजार 86 पद बा।

TRE-3 के रद्द परीक्षा 27 से 30 जून के बीच आयोजित कइल गइल रहे। एकरा के लेके आयोग के ओर से सब जिलन के डीएम के पत्र भेजल गइल बा ताकि परीक्षा केंद्रन पs समुचित व्यवस्था सुनिश्चित कइल जाई। हालांकि, अब परीक्षा के तिथि में बदलाव कइल गइल बा।

शिक्षक भर्ती के तीसरका चरण में कक्षा 1 से 5, 6 से 8, 9 से 10 आ कक्षा 11 से 12 खातिर कुल 87 हजार 774 पदन पs भर्ती होई। एमें शिक्षा, समाज कल्याण आ अनुसूचित जाति जनजाति कल्याण विभाग के ओर से संचालित विद्यालयन के पद सामिल बा।

पेपर लीक के कारण रद्द भइल रहे परीक्षा

बता दीं कि तीसरका चरण के परीक्षा 15 मार्च के दु पालियन में भइल रहे। एकर पेपर लीक हो गइल रहे। हजारीबाग के एगो होटल के कइयन कमरन के अलावा मैरिज हॉल में 270 से जादे अभ्यर्थियन के प्रश्न पत्र के उत्तर रटवाया गइल रहे। मवका से जब्त कइल गइल प्रश्न पत्र के मिलान बीपीएससी कार्यालय से प्राप्त प्रश्न पत्र से करावल गइल, जवन हूबहू पावल गइल रहे। एकरा बाद 20 मार्च के पूरा परीक्षा रद्द कs दिहल गइल रहे।

अतिथि शिक्षकन के दिहल गइल मवका

थर्ड फेस में अतिथि शिक्षकन के मवका दिहल गइल बा। कुछ दिन पहिले आयोग के ओर से एह संबंध में नोटिस जारी कइल गइल गइल रहे। जेमे कहल गइल रहे कि 4 जून से लेके 10 जून तक ओइसही अतिथि शिक्षक, जे एह भर्ती परीक्षा खातिर पहिले आवेदन नइखे कइले। ऊ आवेदन कs सकत बा लो।

बता दीं कि पटना हाई कोर्ट शिक्षक भर्ती परीक्षा के तीसरका चरण पs रोक लगा दिहल गइल रहे। री एग्जाम से पहिले हाईकोर्ट गेस्ट फैकल्टी के अनुभव के आधार पs वेटेज ना देवे के लेके स्टे लगावल गइल रहे। कोर्ट कहले रहे कि गेस्ट फैकल्टी के कम से कम पांच अंक के वेटेज देवे के होई। एक साल खातिर पांच अंक पांच सालन खातिर 25 अंक के प्रावधान लागू करे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]