[the_ad_group id="30365"]

100 साल पुरान अष्टधातु के मूर्ति तालाब खुदाई में बरामद: 5 साल पहिले ठाकुर बारी मंदिर से चोरन द्वारा चोरावल गइल रहे, ग्रामीणन के जुटल भीड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के हथुआ थाना क्षेत्र के बड़ रायमान टोला लाला के बड़ गांव के लगे तालाब के खुदाई के दौरान सौ साल पुरान अष्ट धातु के मूर्ति बरामद भइल बा। मूर्ति मिलला के सूचना पाके अगल बगल के ग्रामीणन के भीड़ जुट गइल। ग्रामीण लोग मूर्ति के पूजा अर्चना सुरू कs देहल।

एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि हथुआ थाना क्षेत्र के बड़ी रायमान टोला लाला के बड़ी गांव इस्थित प्राथमिक विद्यालय के सोझा सरकारी पोखर में छठ घाट निर्माण के क्रम में खुदाई करत घरी पोखर के अंदर जमीन से एगो अष्टधातु के राधा के दु फीट के मूर्ति मिलल बा। सूचना के सत्यापन करत हुए मूर्ति बरामद कइल गइल। बरामद मूर्ति साल 2018 के 13 फरवरी के ठाकुर बारी मंदिर से अज्ञात चोरन द्वारा चोरी कs लिहल गइल रहे। जवना के लेके थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल रहे। एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि मूर्ति लगभग 100 साल पुरान हs।

मूर्ति बरामद होखला के बाद सूचना पs पहुंचल पुलिस जब मूर्ति के अपना कब्जा में लेके बरामद करे के प्रयास कइलस तs गांव दु पक्ष में बट गइल। एगो पक्ष के लोग के कहनाम रहे कि मूर्ति के चोरी मंदिर से भइल बा, एहिसे ई मूर्ति कानूनी प्रकिया के पूरा कs के मंदिर में स्थापित होखे के चाहीं। दूसरका पक्ष के कहनाम बा कि मूर्ति पोखरा से मिलल बा, आ ग्रामीण एकर स्थापना गांव में करी लो।मवका पs पहुंचल हथुआ इंस्पेक्टर सह थानाध्यक्ष वीरेंद्र कुमार, सीओ बिपिन कुमार सिंह, सब इंसेक्टर अश्विनी कुमारी तिवारी, राकेश शर्मा, एएसआइ अनिल सिंह, सुरेश पासवान आदि दुनो पक्षन के समझावे के प्रयास कइल लो। दुनो पक्ष अपना-अपना जिद पs अड़ल बा। अधिकारियन के टीम मूर्ति बरामद कs के थाना ले के आइल बिया।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]