[the_ad_group id="30365"]

उठाके ले जाएम आ थाना में बइठा देम, पटना पुलिस के ज्वेलरी दुकानदार के धमकाने के वीडियो वायरल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना में चौक थाना के दुगो SI के ज्वेलरी दुकानदार के धमकी देवे के CCTV फुटेज आ ऑडियो सामने आइल बा। फुटेज में पुलिस अधिकारी दुकानदार के कह रहल बानी कि “उठा के ले जाएम आ थाना में बइठा देम”। पूरा ममिला 20 अगस्त के हs। ओहिजा, जगमोहन लाल शिवरतन लाल ज्वेलरी शॉप के मालिक शशि शेखर रस्तोगी हवे, जवन शांति समिति के सदस्यो बाड़ी। एह ममिला में पटना सिटी पुलिस अनुमंडल पदाधिकारी-2 डॉ. गौरव कुमार कहलें कि उनका संज्ञान में ई मामला अभी नइखे आइल। जदि उनका संज्ञान में ई मामला आवत बा तs एकर जांच कs के कार्रवाई कइल जाई।

‘दुकान में बहुते भीड़ बा, रउआ कुछ देर बाद आई’

दरअसल, पटना सिटी के चौक थाना क्षेत्र इस्थित एगो ज्वेलरी दुकान पs चौक थाना के दुगो सब इंस्पेक्टर पहुंचल लो। दुकानदार के कवनो ममिला के लेके CCTV देखावे के बात कहलें। दुकानदार कहलें कि अभी उनका दुकान में बहुत भीड़ बा, रउआ कुछ देर बाद आई CCTV देखा दिहल जाई। एकरा बाद सब इंस्पेक्टर भड़क उठलें आ दुकानदार के धमकी देत कहलें कि तहरा के उठाके थाना ले जाएम सs आ आ थाना में बइठा देम सs।

एह ममिला के लेके दुकानदार आ पुलिस पदाधिकारी के बीच बहुत देर तक बहस होत रहल। एह घटना के CCTV फुटेज सामने आइल बा। ओहिजा, दुकान पटना सिटी के चौक थाना से आधा किलोमीटर के दूरी पs बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]