[the_ad_group id="30365"]

यूपी में ई लोग जइहें जेल, बाप-दादा के संपतियो होई जपत’, गोरखपुर में CM Yogi कइले बड़ घोषणा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

CM Yogi in Gorakhpur: योगी ऐतवार के राजकीय जुबली इंटर कॉलेज के मैदान में विद्यार्थियन के स्मार्टफोन/टैबलेट वितरण समारोह के संबोधित करत रहलें। कार्यक्रम में 1500 विद्यार्थियन के टैबलेट आ 3000 विद्यार्थियन के स्मार्टफोन वितरित कइल गइल। मुख्यमंत्री मंच कहले कि लोकसभा चुनाव के शंखनाद करत सब कोई से एक बार फेर मोदी सरकार के नारा लगववले।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेश भर के युवावन के आश्वस्त करत कहले कि प्रदेश में केहू युवावन के भविष्य के साथे खेलवाड़ नइखे कर सकत। जदि केहू अइसन कइलस तऽ उऽ जिंदगी भर खातिर जेल में सड़ी। इहे ना, उनका बाप-दादा के संपतियो सरकार जपत कर ली। मुख्यमंत्री 15 गो विद्यार्थियन के टैबलेट आ 10 गो विद्यार्थियन के स्मार्टफोन अपना हाथे दिहले।

ए अवसर पऽ सीएम 26 माध्यमिक विद्यालयन में 17.35 करोड़ रूपिया के प्रोजेक्ट अलंकार के काम आ 141 माध्यमिक विद्यालयन में 7.58 करोड़ रूपिया के लागत से बने वाला 330 प्रीमियम स्मार्ट क्लास रूम के शिलान्यासो कइले।समारोह में मुख्यमंत्री ने कहले कि यूपी में खाली स्मार्ट सिटीए ना होई बल्कि स्मार्टफोन आ समार्ट क्लासो जुड़कर यूपी के युवा लो पूरा दुनिया के सामने स्मार्ट युवा बनिहें।

एक बार फेर मोदी सरकार के दिहले नारा

मुख्यमंत्री ने मंच से लोकसभा चुनाव के शंखनाद करत सब कोई से एक बार फेर मोदी सरकार के नारा लगववले। उऽ कहले कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी 2024 में जब तीसरा बार देश के बागडोर संभलीहें तऽ भारत दुनिया के तीसरका अर्थव्यवस्था बनके उभरी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]