माई के अंतिम संस्कारो में शामिल ना होखे देलस’… आपातकाल के दौर इयाद कर के राजनाथ सिंह के छलकल दर्द

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 11, 2024

रक्षामंत्री राजनाथ सिंह (Rajnath Singh China) आज चीन के साथे सीमा पऽ यथास्थिति बहाल करे के वादा करे वाला कांग्रेस के घोषणापत्र के जम के आलोचना कइले। एगो इंटरव्यू में राजनाथ सिंह कहले कि हम

Share

रक्षामंत्री राजनाथ सिंह (Rajnath Singh China) आज चीन के साथे सीमा पऽ यथास्थिति बहाल करे के वादा करे वाला कांग्रेस के घोषणापत्र के जम के आलोचना कइले। एगो इंटरव्यू में राजनाथ सिंह कहले कि हम देशवासियन के आश्वस्त करे के चाहत बानी कि पीएम मोदी के नेतृत्व वाली सरकार के तहत केहू हमनी के एक इंच जमीनो कब्जा नइखे कर सकत।

रक्षा मंत्री के चीन के सीधा चेतावनी

रक्षा मंत्री कांग्रेस सरकार के वादा पऽ आश्चर्य जतवले आ कहले ‘ हम खाली ए बात पऽ आश्चर्य कर सकत बानी कि कांग्रेस सरकार अइसन कर सकत बिया। हम एपर टिप्पणी नइखी करे के चाहत कि उनका शासन में का भइल, कतना 1000 वर्ग किलोमीटर जमीन चीन के कब्जा में चल गइल। बाकिर, हम देशवासियन के आश्वस्त करब चाहत बानी कि पीएम मोदी के नेतृत्व वाली सरकार के तहत, केहू हमनी के एक इंच जमीनो पऽ कब्जा नइखे कर सकत आ हमनी के आपन एक इंच जमीनो ना देब।’

जब राजनाथ के छलकल दर्द

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह 1975 के आपातकाल के दौर याद कर कांग्रेस के जमकर लताड़ले। ऊँट अपना माई के अंतिम संस्कार के घरी के याद करत एगो दर्दभरल किस्सा सुनवले। उऽ कहले, ‘ हमरा के आपातकाल के दौरान अपना माई के अंतिम संस्कार के खातिर पैरोलो ना दिहल गइल… उऽ लोग हमनी पऽ तानाशाही के आरोप लगावेला। अपना गिरेबान में झांक के ना देखेला।’

अरुणाचल प्रदेश के कई गो गांवों के नाम बदलला पऽ का कहले राजनाथ

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह LAC पऽ चीन द्वारा निर्माण आ अरुणाचल प्रदेश के कई गो गांव ले नाम बदलला प बयानो देले। उऽ कहले’LAC के ओह पार जवन चीन के ज़मीन बा ओपर उऽ लोग कुछ करेला, तऽ हम ए संबंध में का कर सकत बानी…बॉर्डर के लगे हमनियो के काफी निर्माण कइले बानी सन …. बाकिर दुनु देशन के ओर से शांति स्थापित करे के प्रयासो होखे के चाहीं।’

पाकिस्तान के देले ई ऑफर

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह  पाकिस्तान आ आतंकवाद के मुद्दा पऽ जमके बोलले। उऽ कहले, ‘ हम पाकिस्तान से अपेक्षा करत बानी अगर उऽ आतंकवाद के उपयोग करके भारत के अस्थिर करे के कोशिश करिहें तऽ एकर खामियाजा भुगते के पड़ी…जदि पाकिस्तान के लागत बा कि उऽ आतंकवाद पऽ काबू करे में असमर्थ बा, नइखे कर सकत तऽ पड़ोसी देश भारत के सहयोग प्राप्त करे के चाहत बा तऽ भारत के सहयोग प्राप्त करें। भारत आतंकवाद के रोके खातिर सहयोग करे खातिर तइयार बा।’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.