[the_ad_group id="30365"]

जस्टिन बीबर के साथे Anant-Radhika के बियाह में ई सिंगर्स लगइहें देसी तड़का, संगीत सेरेमनी में मची धूम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अनंत अंबानी आ राधिका मर्चेंट के बियाह में अब बस कुछे दिन बाकी बा। अइसे में इनका लो के शादी के फंक्शन एंटीलिया में शुरू हो गइल बा। मामेरु रस्म के बाद अब सबकर नजर संगीत सेरेमनी पs टिकल बा। संगीत सेरेमनी में परफॉर्म करे खातिर जस्टिन बीबर इंडिया आ गइल बाड़न। जस्टिन के साथे दु गो इंडियन सिंगर्स एह फंक्शन में देसी तड़का लगइहें।

दुनिया के सबसे अमीर बिजनेसमैन में से एक मुकेश अंबानी आ नीता अंबानी के छोटे बेटा अनंत अंबानी आ राधिका मर्चेंट के बियाह के तइयारी शुरू हो गइल बा। दुनु जाने के शादी में अब कुछे दिन के समय रह गइल बा। अइसे में उनकर शादी से पहिले होखे वाला रस्म के शुभारंभ हो गइल बा।

अंबानी फैमिली सामूहिक विवाह कार्यक्रम सफल होखे के बाद बुध के ‘मामेरू’ सेरेमनी के आयोजन कइले रहे, जवना के कई गो फोटोज आ वीडियो सोशल मीडिया पs देखे के मिलल रहे। एह ग्रैंड इवेंट के हिस्सा बने खातिर कई  गो मशहूर हस्ती मुंबई पहुंचल बाड़न।

बीतल दिन खबर आइल रहे कि हॉलीवुड सिंगर जस्टिन बीबर शादी में रंग जमावे खातिर मुंबई पहुंच गइल बाड़े। अब दु गो इंडियन सिंगर्स के नांव समाने आइल बा, जवन एह शादी में देसी तड़का लगावे वाला बाड़े।

ई सिंगर्स लगइहें देसी तड़का

एचटी की खबर के अनुसार, शादी में रंग जमावे खातिर बादशाह आ करण औजला  एमें शामिल हो सकत बाड़े।

दुनु जाना बढ़िया सिंगर्स होखे के साथे दोस्तो हउअन। बादशाह आ करण के गाना उनका फैंस के काफी पसंद आवेल। अब इनका लो के एह ग्रैंड वेडिंग में चार चांद लगावत देखे खातिर उनकर फैंसो एक्साइटेड बाड़े।

इ इंटरनेशनल सिंगर्सो हो सकत बाड़े शामिल

इंडिया टुडे के एगो रिपोर्ट के अनुसार, अनंत-राधिका के शादी में एडेल, ड्रेक आ लाना डेल रे परफॉर्म कर सकत बाड़े। हालांकि, इनका लो के लेके अबहीं ले कवनो ऑफिशियल जानकारी नइखे। रिपोर्ट्स के मोताबिक, उनकर अंबानी परिवार के साथे बातचीत चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]