[the_ad_group id="30365"]

Gaganyaan Mission खातिर अंतरिक्ष में जाई ई चार एस्ट्रोनॉट्स, PM मोदी कइले नाम के एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gaganyaan Mission: पीएम मोदी आज गगनयान मानव अंतरिक्ष उड़ान मिशन के अंतरिक्ष यात्रियन के नाम के घोषणा कइले। ई भारत के पहिला अइसन अंतरिक्ष मिशन होई जवना में अंतरिक्ष यात्रियन के कुछ समय खातिर निम्न कक्षा में अंतरिक्ष ले जावल जाई। गगनयान मिशन के 2025 में लॉन्च कइल जाई आ एकरा तहत दू से तीन गो अंतरिक्ष यात्रियन के 400 किलोमीटर के निम्न कक्षा में अंतरिक्ष में भेजल जाई।

Gaganyaan Mission। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी केरल के तिरुवनंतपुरम में मौजूद इसरो के विक्रम साराभाई स्पेस सेंटर के दौरा कइले। एही दौरान उऽ ए सेंटर से ट्राइसोनिक विंड टनल प्रोजेक्ट के शुभारंभ कइले।

पीएम मोदी इसरो चीफ एस सोमनाथ के साथे मिशन गगनयान मिशन के रिव्यू कइले। एकरा साथे पीएम गगनयान मानव अंतरिक्ष उड़ान मिशन के अंतरिक्ष यात्रियन के नाम के घोषणा कइले।

चार अंतरिक्ष यात्री के नाम

  •  प्रशांत बालकृष्णन नायर
  • अंगद प्रताप
  • अजीत कृष्णन
  •  शुभांशु शुक्ला

अंतरिक्ष यात्रियन के नाम के एलान के बाद पीएम मोदी कहले, “हम चाहत बानी कि हर कोई हमनी के अंतरिक्ष यात्रियन के खड़ा होके अभिनंदन करे।”

पीएम मोदी आगे कहले,”हमनीं के आज एगो ऐतिहासिक सफर के साक्षी बनत बानी। अब से कुछ देर पहले देश पहिला बार आपन 4 गो गगनयान यात्रियन से परिचित भइल। ई खाली 4 हो नाम आ 4 गो इंसान नइखन, ई 140 करोड़ aspirations के स्पेस में ले जाए वाला 4 गो शक्ति बा। 40 बरिस के बाद कवनो भारतीय अंतरिक्ष में जाए वाला बा। बाकिर अबकी बेर टाइमो हमनी के बा, काउंटडाउनो हमनीं के बा आ रॉकेटो हमनीं के बा।”

कतना महत्वपूर्ण बा गगनयान मिशन

ई भारत के पहिला अइसन अंतरिक्ष मिशन होइ, जेमें अंतरिक्ष यात्रियन के कुछ समय खातिर निम्न कक्षा में अंतरिक्ष ले जाइल जाई।

गगनयान मिशन के 2025 में लॉन्च कइल जाई जाएगा आ एकरा तहत दू से तीन अंतरिक्ष यात्रियन के 400 किलोमीटर के निम्न कक्षा में अंतरिक्ष में भेजल जाई।

दू से तीन दिन अंतरिक्ष में बितवला के बाद ओहन के सुरक्षित वापस हिंद महासागर में समुद्र के भीतर उतारल जाई।

एकरा तहत ई वर्ष काफी महत्वपूर्ण बा आ मिशन से जुड़ल कई गो परीक्षण उड़ान ए बरिस पूरा कर लिहल जाईं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]