[the_ad_group id="30365"]

छपरा के मांझी में अस्थाई ट्रेनन के होई ठहराव: कार्तिक पूर्णिमा में बढ़त भीड़ के लेके रेलवे लेलस निर्णय, यात्रियन के मिली सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के मांझी, बलिया (ददरी मेला) आ तुर्तीपार में कार्तिक पूर्णिमा मेला लागे के अवसर पs मेला यात्रियन के सुविधा आ मेला में होखे वाली अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत रेलवे प्रशासन के ओर से सोमार 27 नवंबर, 2023 के निम्नलिखित गाड़ियन के 02 मिनट के अतिरिक्त अस्थाई ठहराव कइयन गो स्टेशनन पs एह तरे प्रदान कइल गइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार प्रेस विज्ञप्ति जारी करत देलें बा। एह ट्रेनन के ठहराव से मेला श्रद्धालुअन के विशेष लाभ मिली।

अस्थाई ठहराव दिहल ट्रेनन के सूची

गाड़ी संख्या :-15131/15132 आ 15049 के 27 नवंबर (सोमार) 2023 के दु मिनट के ठहराव तुर्तीपार स्टेशन पs दिहल गइल बा।

गाड़ी संख्या:- 15104, 15008 आ 15129 के 27 नवंबर (सोमार) 2023 के दु मिनट के ठहराव तुर्तीपार स्टेशन पs दिहल गइल बा।

गाड़ी संख्या :-13105, 15111, 15112, 15232, 13106, 15054 आ 15084 के 27 नवंबर (सोमार) 2023 के मांझी स्टेशन पs 02 मिनट खातिर ठहराव दिहल गइल बा।

गाड़ी संख्या:-15232 बरौनी- गोंदिया एक्सप्रेस आ 15054 लखनऊ-छपरा एक्सप्रेस के 27 नवंबर (सोमार) 2023 के करीमद्दीनपुर, यूसूफपुर आ चितबड़ागाँव स्टेशन पs 02 मिनट खातिर अस्थाई ठहराव दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]