[the_ad_group id="30365"]

31 मार्च के पूर्वांचल के 5 जिलन में होई बरखा : गेहूं के फसल पs पड़ी प्रतिकूल प्रभाव, गोरखपुर में बीतल 4 दिन में बढ़ल तापमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मार्च के महीना में लगातार हो रहल उतार-चढ़ाव के बीच एक बेर फेर  मौसम करवट लेवे वाला बा। अगिला 2-3 दिन में पूर्वांचल में झमाझम बारिश होखे के चेतावनी मौसम विभाग के ओर से जारी कइल गइल बा। एमे गोरखपुर सहित पांच जिलन पs प्रभाव पड़ी। बरखा के असर फसलन पs पड़ी आ गेहूं के आधा पाकल फसल गिर सकती बा। इएसे पैदावार पs प्रतिकूल प्रभाव पड़ी।

21 मार्च से लगातार तापमान बढ़ रहल बा। सुबह चले वाला हवा के बीच दिन में तापमान तेजी से बढ़ रहल बा। चार दिन में अधिकतम तापमान छव डिग्री बढ़ल बा। एही तरे न्यूनतम तापमान बढ़के 18.9 डिग्री सेल्सियस तक पहुंच गइल। बुध के अधिकतम तापमान 34 डिग्री तक गइल, एकरा चलते दुपहरिया में गरमियो महसूस कइल गइल। हालांक,  होली के दिन अधिकतम तापमान में एक डिग्री सेल्सियस के गिरावट दर्ज कइल गइल।

पूर्वांचल के पांच जिलन में रही बरखा के प्रकोप

28 मार्च से मौसम में परिवर्तन होखल सुरू हो जाई। ओहिजा, 31 मार्च के बन रहल बरखा के आसार से पूर्वांचल के पांच जिला प्रभावित रही। ओहिजा, 10 अप्रिल से लू पड़े के संभावना जतावल गइल बा। मौसम विभाग के मोताबिक बियफे से तीन दिन तक तेज हवा के संगे बूंदाबांदी होखला के संभावना बा। एकरा से गोरखपुर के संगही संतकबीरनगर, बस्ती, महराजगंज आ कुशीनगर ले प्रभावित होई। इहां हलुक से मध्यम बरखा पड़ला के संभावना बा।

एह वजह से फेर होई बरखा 

डीडीयू यूनिवर्सिटी के मौसम विज्ञानी डॉ. प्रभुनाथ प्रसाद के मोताबिक एगो पश्चिमी विक्षोभ मध्य आ ऊपरी पछुआ हवा के संगे 5.8 किलोमीटर के ऊंचाई पs बनल बा। एही तरे पूर्वोत्तर में असम आ आसपास के इलाकन में चक्रवाती हवा चल रहल बा। मध्यप्रदेश आ एकरा आसपास के क्षेत्रन में हवा के असर बनल बा, जवन 28 मार्च तक पश्चिमी हिमालयी क्षेत्र के प्रभावित करी। एकरा बादे से मौसम में तनिका बदलाव नजर आई। 31 मार्च के गोरखपुर समेत पूर्वांचल के पांच जिलन में झमाझम बरखा हई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]