[the_ad_group id="30365"]

छपरा के किनरवाहि में दु घंटा बिजली रही गुल: सबेरे 10 से 12 बजे तक होई पावर कट, धर्मनाथ आ एसडीएस फीडर में चली काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के शहरी क्षेत्र में सनीचर के दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। रिपेयरिंग आ पावर ट्रिप के समस्या के ठीक करे खातिर मरम्मती के काम कइल जाये के बा। एकरा के लेके शहरी क्षेत्र के एसडीएस फीडर आ धर्मनाथ फीडर में बिजली बाधित रही। राजेंद्र सरोवर पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला दुनो फीडर में सबेरे 10 बजे से 12 बजे तक पावर कट कइल जाई।

एसे शहर के दक्षिणी हिस्सा में इस्थित किनरवाहि में बिजली गुल रही। कनीय अभियंता बतवलें कि बरखा के लेकर पावर सप्लाई में परेसानी हो रहल बा। एमे पावर ट्रिप के समस्या सामने आ रहल बा। एहिसे पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जरूरी बा। ओहिजा, काम पूरा होखला के बाद फेर से सेवा बहाल कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]