[the_ad_group id="30365"]

स्टूडेंट क्रेडिट कार्ड खातिर हर कॉलेज में होई नोडल पदाधिकारी, दसवीं पास सब छात्र सीखी लो कंप्यूटर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जेपीविवि के कुलपति प्रो. फारूक अली के अध्यक्षता में मंगर के जिला परियोजना पदाधिकारी राहुल रंजन, लक्की कुमारी मैनेजर डीआरसीसी सारण, संतोष कुमार सहायक प्रबंधक के संगे विश्वविद्यालय के अपना कार्यालय में ऑफलाइन मोड भा ऑनलाईन वर्चुअल मोड में बैठक आयोजित कइल गइल।

विकसित बिहार के 7 निश्चय के अन्तर्गत डीआरसीसी लीना कुमारी अपना संबोधन में कहलें कि हर कॉलेज में स्टूडेंट्स कार्ड खातिर नोडल आफिसर होखे के चाहीं। ऊ बिहार स्टूडेंट्स क्रेडिट कार्ड के विस्तार से जानकारी देलें। डीआरसीसी कहली कि कुशल युवा कार्यक्रम के अन्तर्गत जवन छात्र 10 वीं पास बा लो ओ लोगन के कम्प्यूटर के बेसिक ज्ञान करावल जाई। जिला परियोजना पदाधिकारी श्री रंजन अपना उद्बोधन में कहलें कि सबका संबल चाहीं जवना से कि हमनी के इस्थिति में सुधार हो सके। एह दौरान परियोजना पदाधिकारी राहुल रंजन  विश्वविद्यालय के अंतर्गत सब पोखर आ अप्रोच रोड के बनवावे खातिर आ सिटिंग बेंच बनवावे खातिर मनरेगा के माध्यम से काम करवावे के आश्वासन देलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]