[the_ad_group id="30365"]

कोचिंग संस्थान में पढ़ावे वाला सब शिक्षकन के बनी सूची: संचालकन के जमा करावे के होई प्रमाण पत्र, निजी संस्थान में ना पढ़ा सकी लो सरकारी टीचर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकारी विद्यालयन में शिक्षा के स्तर आ ऊंचा करे आउर व्यवस्था के सुधारे के लेके शिक्षा विभाग प्रयासरत बा। कइयन गो अइसन शिक्षक बा लो जवन सरकारी विद्यालय में पढ़वला के संगे-संगे निजी संस्थान में पढ़ावे के काम कइल जात बा। एह प्रकार से शिक्षकन के पूरा ध्यान निजी संस्थान के ऊपरे होला। जेमे गुणवत्तापूर्ण शिक्षा में बहुते गिरावट आ रहल बा।

शिक्षकन के राज्य कर्मी के दर्जा देवे के लेके जारी कइल गइल। अधिसूचना के बाद शिक्षा विभाग मनमानी करे वाला शिक्षकन के ऊपर नकेल कसल सुरू कs देले बा। शिक्षा विभाग सब शिक्षकन खातिर एगो गाइडलाइन जारी कइल गइल बा। जेमे सरकारी शिक्षकन के अब कवनो निजी संस्थान भा कोचिंग संस्थान में ना पढ़ावे के कहल गइल बा।

जिला शिक्षा पदाधिकारी के निरदेस 

शिक्षा विभाग के मुख्य सचिव केके पाठक कावर से सीवान के जिला शिक्षा पदाधिकारी के निरदेस दिहल गइल बा कि अगर निजी संस्थान में पढ़ावत कवनो सरकारी शिक्षक पावल जात बा तs ओकरा ऊपर तुरंत कार्रवाई होखे। एकरा खातिर जिला भर के सब कोचिंग संस्थान के संचालकन के ई निरदेस दिहल गइल बा कि जिला शिक्षा मुख्यालय में एगो प्रमाण पत्र जमा करे के होई। जेमे कोचिंग संस्थान में पढ़ावे वाला सब शिक्षकन के सूची होई। साथे साथ कोचिंग संचालक एह बात के सुनिश्चित करी लो कि संस्थान में कवनो सरकारी शिक्षक सेवा नइखे दे रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]