[the_ad_group id="30365"]

समस्तीपुर में गरीब रथ एक्सप्रेस ट्रेन में लागल आग: मचल अफरा-तफरी, ट्रेन से उतरके भागे लागल लोग, मवका पs पहुंचल DRM

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समस्तीपुर में गरीब रथ एक्सप्रेस ट्रेन में लागल आग: मचल अफरा-तफरी, ट्रेन से उतरके भागे लागल लोग, मवका पs पहुंचल DRM

समस्तीपुर में दलसिंहसराय आ नाजिर गंज स्टेशन के बीच गरीब रथ एक्सप्रेस ट्रेन में आग लाग गइल। आनंद विहार से जयनगर आ रहल 12436 गरीब रथ एक्सप्रेस ट्रेन के Z3 बॉगी में अचानक आग लाग गइल।

आग लगला के बाद बॉगी में फइलल धुआं

आग लगला के बाद बॉगी में फइलल धुआं

एह दौरान अफरा-तफरी मच गइल। चालक सूझबूझ के परिचय देत ट्रेन के रोक देलें। लोग डर से ट्रेन से उतरके एने-ओने भागे लागल लो। ओहिजा, स्थानीय लोग पानी के बौछार कs के आग पs काबू पावल।

ट्रेन से उतरके एने-ओने भागे लागल लोग

    • ट्रेन से उतरके एने-ओने भागे लगल लोग

एह दौरान दलसिंहसराय स्टेशन से रेलवे कर्मियो मवका पs पहुंचल लो आ जल रहल बोगी के काटके अलग कइल। एने घटना के सूचना पs समस्तीपुर के डीआरएम आलोक अग्रवाल दल-बल के संगे मवका पs पहुंच गइल बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]