Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत जोड़ो यात्रा पर लाग सकsता ब्रेक! क्रिसमस अउर न्यू ईयर के जश्न पर कइल जा सकsता सख्ती

479

पूरे दुनिया में कोरोना के बिगड़त हालात के देखत अपने देश में भी संक्रमण से बचाव के चाक-चौबंद इंतजाम होखे लागल बा। बीतल दू दिन में केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय समेत तमाम जिम्मेदार महकमा अउर अधिकारियन के संगे भइल बैठक में एक बात साफ रूप से सोझे आइल बा कि भीड़भाड़ वाले कार्यक्रम में लोग के गइले से रोकल जाए के चाहीं।

कोविड मामिला पर नजर बनावे वाली कमेटी से जुड़ल अधिकारियन के मुताबिक आवे वाले दिन में क्रिसमस अउर नयका साल पर होखे वाले कार्यक्रम समेत अन्य भीड़भाड़ वाले आयोजन खातिर दिशानिर्देश जारी कइल जा सकsता। अगर अइसन भइल त संभव बा कांग्रेस के भारत जोड़ो यात्रा पर भी ब्रेक लाग सकsता।

लागू हो सकsता कोविड प्रोटोकॉल

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के सूत्रन के मुताबिक बीतल दू दिन से लगातार हो रहल बैठक में एह बात के ले केनचर्चा हो रहल बा कि कइसे आवे वाले दिन में हालात पर काबू पावे के बा। एह बैठक में मौजूद स्वास्थ्य मामिला से जुड़ल विशेषज्ञन के कहनाम बा कि कोविड प्रोटोकॉल के चलते जौन एहतियातन कदम पहिले उठावल गइल रहे ओही के एक बेर फिर से लागू कइले के जरूरत बा। ओ प्रोटोकॉल के चलते भीड़भाड़ वाले कार्यक्रम के आयोजन पर न खाली रोक लागी, बलुक लोग के अइसन जगह पर जाए खातिर मास्क पहिनल अनिवार्य बा।

सूत्रन के कहनाम बा कि अगिले कुछ दिन के भीतर अपने देश में संक्रमण के रोके खातिर कुछ अइसहीं एहतियातन सख्त कदम उठावल जा सकsता। कोविड मामिला पर नजर रखे वाली कमेटी से जुडल एगो वरिष्ठ सदस्य बतवनें कि अगर अभिए सख्त कदम उठा लिहल गइल त आवे वाले दिन में चीन, जापान अउर दुनिया के अन्य देशन जइसन हालात से बचल जा सकsता।

बुध के केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के बैठक में शामिल भइल एक वरिष्ठ अधिकारी बतवने कि क्रिसमस के आयोजन से ले के नयका साल पर होखे वाले कार्यक्रम अउर मनावल जाए वाली छुट्टियन में लोग के बेहद सतर्कता बरते के जरूरत बा। हालांकि उनकर कहनाम बा कि अभीन पूरे तरीके से अइसन कार्यक्रम पर रोक अउर बंदिश त नइखे लागल, लेकिन हालात बिगड़ले पर एह तरीका के फैसला भी लिहल जा सकsता।

कई देशन में बिगड़े लागल हालात

सूत्र के मुताबिक कोविड के मामिला में अपने देश में फिलहाल स्थिति बहुत बेहतर बा। लेकिन दुनिया के कई देश में हालात एक बेर फिर से बिगड़े लागल बा। एहलिए बेहतर बा कि हमनींके कौनहूँ हालात के बिगड़ले से पहिलही पुख्ता इंतजाम कs लेईं।

कोविड के कंट्रोल करे अउर नीति बनवले के लेकर केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के एह संबंध में लगातार बैठकर चल रहल बा। आजु साँझ के प्रधानमंत्री मोदी भी समीक्षा बैठक करिहें। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय से जुडल सूत्र के कहनाम बा कि संभव बा आजु सांझ ले या अगिले कुछ दिन में कोविड प्रोटोकॉल के तहत आयोजन के मंजूरी दिहल जाव।

भाजपा समेत सब दल के बड़ आयोजन पर लागे रोक

राजनीतिक गलियारन में एह बात के लेके भी चर्चा हो रहल बा कि जौने तरीका से केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के रोके खातिर चिट्ठी लिखल गइल बा, ओसे अनुमान लगावल जा रहल बा कि संभवतया अइसन भीड़भाड़ वाले कार्यक्रमों पर रोक लगे चाहे निर्धारित संख्या के मुताबिके अनुमति मिल सकsता।

कांग्रेस पार्टी से जुड़ल एगो वरिष्ठ नेता बतवलें कि अगर सरकार कोविड से बचाव संबंधी कौनो प्रोटोकोल बनावतिया, त ओमें उनकर पार्टी पूरा तरीका से सहयोग करी। खाली यात्रा के रोके खातिर सरकार रोड़ा अटकाई, त उनकर पार्टी एकर पुरजोर विरोधो करी। कांग्रेस पार्टी से जुड़ल नेता कहनें कि अगर रोक लागी त खाली कांग्रेस नाइ बलुक भाजपा समेत सब दल के बड आयोजन प रोक लागे।

सूत्रन के कहनाम बा कि अगिले कुछ दिन में होखे वाला केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय अउर तमाम बड़ अधिकारियन के बैठक में चीन से आवे वाली उड़ान पर भी फैसला लिहल जा सकsता। हालांकि नागरिक उड्डयन विभाग से जुड़ल एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवलें कि कोविड के मामिला चीन के साथ-साथ अमेरिका, जापान अउर फ्रांस समेत दुनिया के अन्य मुल्क में भी बढ़ रहल बा एहलिए जौन भी फैसला होई, ऊ एह सब देश में बढ़ रहल मामिला के ध्यान में रखत लिहल जाई।

नागरिक उड्डयन विभाग के फैसला केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के बनावल गइल कमेटी के संस्तुति के आधार पर ही लिहल जाई। फिलहाल अनुमान इहे लगावल जा रहल बा कि जौन देश में कोरोना के माममा लगातार बढ़ रहल बा, उहां से आवे वाले लोग के पुरान व्यवस्था के मुताबिक जांच होखे।

418480cookie-checkभारत जोड़ो यात्रा पर लाग सकsता ब्रेक! क्रिसमस अउर न्यू ईयर के जश्न पर कइल जा सकsता सख्ती

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.