[the_ad_group id="30365"]

पीएम पद खातिर अभी वैकेंसी नइखे: नीतीश के साथ छोड़ते बदलल मांझी के सुर, बोललें- देस में मोदी जइसन शख्सियत केहू ना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एनडीए के संगे गठबंधन में जइला के घोषणा कइला के बाद हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा के संरक्षक जीतन राम मांझी बियफे के दिल्ली से पटना पहुंचलें। पटना पहुंचल जीतन राम मांझी बड़ बात कह देलें। मांझी कहले कि विपक्षी दलन के बैठक के कवनो फायदा नइखे होखे जा रहल। विपक्ष के सब दल कोसिस कर रहल बा बाकिर देस में फिलहाल प्रधानमंत्री पद के कवनो वैकेंसी नइखे।

जीतन राम मांझी कहलें कि विपक्ष के सब लोग आपन-आपन कोसिस कर रहल बा बाकिर उहां पs सभे अलग-अलग मत के लोग बा। कोसिस कर रहल बा लो तs एमे कवनो परेसानी के बात नइखे बाकिर हमरा समझ से देस के फिलहाल के इस्थिति बा। ओमे नरेंद्र मोदी ओइसन शख्सियत केहू नइखे, जे प्रधानमंत्री पद संभार सके।

ऊ कहलें कि हम अब एनडीए के हिस्सा बानी आ 2024-25 के चुनाव में एनडीए के संगही रहेम। ओहिजा जेडीयू के ई कहला पs कि मांझी के गइला से कवनो असर ना पड़ी, एहपर ऊ कहलें कि समय बताई कि हम के महागठबंधन से अलग होखला के बाद ओकरा फायदा होई कि नुकसान। मांझी कहलें कि विपक्ष के लोग कोसिस करे बाकिर प्रधानमंत्री पद खातिर अभी कवनो वैकेंसी नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]