Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लापता एंकर सलमा के सुराग नाहीं: नर कंकाल के सूचना पs पहुंचल पुलिस त बन चुकल रहे फोरलेन; अब आसपास हो रहल बा खुदाई

250

 

 

पुलिस के कहनाम बा कि ए मामला में तीन अलग-अलग टीम बनावल गईल बा। अबे ले 6 लोग से पूछताछ भईल बा। जांच सिर्फ ए लोग के आधार पs चलता। हमनी के सलमा के रिश्तेदार, परिवार के लोग अवुरी सहयोगी से भी पूछताछ करतानी। एकरा संगे सड़क के खुदाई खातीर पीडब्ल्यूडी से अनुमति लिहल गईल बा। एकरा बाद आगे के कार्रवाई कईल जाई।

छत्तीसगढ़ के कोरबा में ‘दृष्यम’ फिल्म जइसन हत्या के कहानी सामने आ रहल बा। एगो स्थानीय न्यूज चैनल में काम करे वाली एंकर सलमा सुल्ताना लापता हो गइली। ओकर कवनो निशान नइखे। करीब पांच साल बाद पुलिस के उनुका नर कंकाल के जानकारी मिलल। जब पुलिस मौका पs पहुंचल त उहाँ चार लेन के सड़क बनल रहे। एही तरे सिनेमा में लाश के दफनावे के बाद थाना बनावल जाला। फिलहाल फोरलेन के आसपास खुदाई के संगे नर कंकाल के जांच से पता लगावल जाता।

संदिग्ध के हिरासत में अईला पs पुलिस फोरलेन पहुंचल

दरअसल, साल 2018 में कुसमुंडा इलाका के निवासी आ ट्रांसपोर्ट नगर में स्थित एगो टीवी चैनल में काम करे वाली एंकर सलमा सुल्ताना अचानक लापता हो गइली। परिजन उनुकर लापता दर्ज करा लिहले। एकरा बाद जांच शुरू भईल, लेकिन सलमा के बारे में कुछूओ ना मिलल। एकरा बाद जांच कोल्ड स्टोरेज में चल गईल। अब जिला में नया एसपी आईल त लापता लोग के पुरान फाइल खोले के आदेश देले। एही बीच पुलिस एगो संदिग्ध के हिरासत में लेके कोहड़िया इलाका में सलमा के लाश के दफनावे के जानकारी देलस।

पुरान नक्शा, डायग्राम पीडब्ल्यूडी से मांगल गइल

पुलिस मौका पs पहुंचल, लेकिन उहाँ चार लेन के सड़क बन गईल बा। अयीसना में पुलिस के कंकाल के खोज में परेशानी होखता। एकरा खातिर रायपुर से एगो विशेष टीम बोलावल गइल बा। करीब चार दिन से सड़क के चारों ओर जेसीबी से खोद के नर कंकाल के पता लगावे के कोशिश में लागल बा। एकरा संगे जमीन के स्क्रीनिंग भी हो रहल बा। हालांकि अबे ले कुछूओ हाथ में नईखे आईल। बतावल जाता कि पुलिस अब पीडब्ल्यूडी के इंजीनियर से सड़क के पुरान नक्शा अवुरी डायग्राम मंगले बिया।

जिम ट्रेनर पs हत्या के आरोप बा, लेकिन उ लापता बा

बतावल जाता कि सलमा के हत्या के कहानी एगो जिम से शुरू भईल। तीन दोस्त मिल के 10-10 लाख के लोन लेके जिम शुरू कईले। सलमा भी एही में जात रहली। शुरू में सबकुछ ठीक से चलत रहे, लेकिन ओकरा बाद पार्टनर के बीच विवाद हो गईल। पुलिस के हिरासत में आइल जिम के एगो साथी ही हत्या के खुलासा कईले रहे। उ जिम ट्रेनर पs लाश के हत्या अवुरी दफनावे के आरोप लगवले बाड़े। एकरा बाद पुलिस जिम ट्रेनर के घर पs छापामारी कईलस, लेकिन उ भाग गईल। उनुकर गाड़ी बरामद हो चुकल बा।

साभार- अमर उजाला

 

 

559380cookie-checkलापता एंकर सलमा के सुराग नाहीं: नर कंकाल के सूचना पs पहुंचल पुलिस त बन चुकल रहे फोरलेन; अब आसपास हो रहल बा खुदाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.