[the_ad_group id="30365"]

बिहार के 54 हजार 634 स्कूलन में नइखे खेल के मैदान, शिक्षा विभाग सब जिलन से मंगलस ई जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के स्कूलन में पढ़ाई तs होला, बाकिर खेल-कूद नइखे। अइसन इस्थिति एगो-दुगो ना, बलुक सइयन स्कूलन के बा। समूचा राज्य में 54 हजार 634 अइसन स्कूल बा, जेकरा लगे खेल के मैदान नइखे। लगभग 33 हजार 536 स्कूलन में खेल के मैदान बा।

पटना जिला में 4193 में से 2826 विद्यालयन में खेल के मैदान नइखे, जबकि भागलपुर जिला में 2262 में से 1606 विद्यालय में खेल के मैदान नइखे। मुजफ्फरपुर में 3691 में से 1868 विद्यालय में खेल के मैदान नइखे। यू-डायस के रिपोर्ट से एकर जानकारी मिलल बा।

खेल के मैदान ना होखला से एह स्कूलन में खेल के कक्षा संचालित नइखे होत, जबकि शिक्षा विभाग सब स्कूलन में खेल के एगो कक्षा के निरदेस देले बा। शिक्षा विभाग खेलकूद खातिर विद्यालयन में परिसर के विकास करे के कार्य योजना पs काम सुरू कइले बा।

एह योजना के तहत पहिले ओह विद्यालयन के खाली जमीन आ अतिक्रमित जमीन के बारे में सब जिला शिक्षा अधिकारियन से विद्यालयवार जानकारी मंगले बा लो।

फिजिकल एजुकेशन टीचर पढ़ावेला लो आउर विषय

रोचक ई बा कि हर मध्य विद्यालय आ माध्यमिक आउर उच्च माध्यमिक विद्यालय में खेलकूद खातिर शारीरिक शिक्षक के होखल अनिवार्य बा, जवना विद्यालयन में अइसन शिक्षक उपलब्ध बा आ खेल के मैदान नइखे उहां अइसन शारीरिक शिक्षक विद्यार्थियन के खेलकूद करावे के जगे आउर विषय पढ़ावत बा लो।

अइसे ज्यादातर विद्यालयन में फिजिकल एजुकेशन टीचर के पद खाली बा। शारीरिक शिक्षक अभिषेक कुमार बतवलें कि ऊ खुद भौतिकी से स्नातक बाड़ें तs भौतिकी के कक्षा लेवे के होला। एही तरे आउर शारीरिक शिक्षक जवना विषय में स्नातक बा लो, ओह लोगन से ओह विषय में कक्षा करावल जाला।

जिलन में खेल मैदान के इस्थि‍ति 

पटना जिला में 4193 विद्यालय बा, जेमे से 2826 विद्यालय में खेल मैदान नइखे। एही तरे भागलपुर जिला में 2262 विद्यालय बा। एमे से 1606 विद्यालय में खेल के मैदान नइखे। मुजफ्फरपुर में 3691 विद्यालय बा, जेमे 1868 विद्यालय में खेल के मैदान नइखे।

गया में 3785 में से 2355 विद्यालय में खेल के मैदान नइखे। गोपालगंज में 2205 विद्यालयन में से 1432 विद्यालय में खेल के मैदान नइखे। औरंगाबाद जिलन में 2476 विद्यालय बा आ एमे से 1730 विद्यालय में खेल के मैदान नइखे।

जहानाबाद जिला में 1028 विद्यालय बा, जेमे से 714 विद्यालय में खेल के मैदान नइखे। रोहतास जिला में 2738 विद्यालय बा, जेमे से 1684 विद्यालय में खेल के मैदान नइखे।

मधुबनी जिला में 3594 विद्यालय बा, जेमे से 1789 विद्यालय में खेल मैदान नइखे। सिवान में 2871 विद्यालय बा, जेमे से 1954 विद्यालय में खेल के मैदान नइखे। एही तरे आउर जिलन में विद्यालयन में खेल के मैदान नइखे।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]