Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरक के बहरौली गांव में अज्ञात चोरन द्वारा घर में चोरी कइल गइल, नगदी समेत लाखन के गहना चोरी

778

मशरक (सारन)| धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना क्षेत्र के बहरौली गांव में काली स्थान के लगे द्वारिका सिंह के मकान में अज्ञात चोरन द्वारा बीतल रात नगदी रुपिया, पानी के मोटर आ लाखन रुपिया के गहन चोरी करे के ममिला सामने आइल बा।

ममिला में घटना के सूचना प थाना पुलिस पहुंच जांच पड़ताल कर रहल बिया। ममिला मे चोरी के घटना द्वारिका सिंह के मकान में भइल, जे अपना भाईयन के साथे स परिवार पंजाब के लुधियाना आ फगवाड़ा में रहेला लो। ओहिजा गांव में उनकर बुढ़ मां रहेली। ऊ बतवली कि रात में खाना खाके आ टीवी देखके सुत गइली। आधा रात में ऊ देखली की पानी के मोटर अपना जगह प नइखे। अंगना मे जाये खातिर दरवाजा बंद रहे। आस पास के लोगन के सहजोग से दरवाजा खोलल गइल त सारा समान तीतर बितर पड़ल मिलल आ घर में जांच कइल गइल त 60 हजार नगदी रुपिया आ 6 थान सोना चांदी गहना समेत आउर समान चोरी क लिहल गइल बा।

350730cookie-checkमशरक के बहरौली गांव में अज्ञात चोरन द्वारा घर में चोरी कइल गइल, नगदी समेत लाखन के गहना चोरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.