[the_ad_group id="30365"]

ई-रिक्शा आ स्कूटी के एजेंसी में चोरी: छप्पड़ तुड़के दुकान में घुसले सs चोर, तीन लाख नगद आ बैटरी पs कइलें सs हाथ साफ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नगर थाना क्षेत्र के स्टेशन रोड के लगे इस्थित ई-रिक्शा आ स्कूटी के एजेंसी में चोरी हो गइल। वारदात में करीब सात लाख रुपिया के समान के चोरी भइल। फिलहाल एह ममिला में पीड़ित दुकानदार स्थानीय थाना में लिखित आवेदन देके रिपोर्ट दर्ज करावल गइल बा।

स्टेशन रोड इस्थित दुकान में वारदात

थावे थाना क्षेत्र के भगवानपुर गांव निवासी नवीन कुमार आ सोनू कुमार दुनो भाई शहर के स्टेशन रोड में एगो ई-रिक्शा आ बैटरी वाला स्कूटी बेचे के काम करेला लो। सनीचर के दुकान बंद कs  के छठ पूजा खातिर चल गइलें। वापस जब दुकान खोले अइलें तs देखलें कि छप्पर टूटल पड़ल बा। करीब 3 लाख 50 हजार नकदी, 15 बैटरी आ आउर पार्ट्स के चोरी कs लिहल गइल बा। दुकानदार एकर सूचना पुलिस के देलें।

पीड़ित दुकानदार नवीन कुमार कहलें कि दुकान के भीतरी से नकदी के अलावे आउर सामान के चोरी कइल गइल बा। करीब सात लाख के संपत्ति के चोरी अज्ञात चोर कइलें बाड़ें सs। पुलिस अज्ञात चोरन के खिलाफ प्राथमिकी कs के कार्रवाई करे में जुट गइल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]