[the_ad_group id="30365"]

सरकारी विद्यालय के रसोई घर के ताला तुड़ के चोरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/प्रितम कुमार सिंह: मशरक प्रखंड क्षेत्र के बहरौली पंचायत के उत्क्रमित माध्यमिक विधालय बहरौली पाण्डेय टोला के रसोईघर के कमरा के ताला तुड़के अज्ञात चोरन द्वारा चोरी करे के घटना सामने आइल बा।

चोरन द्वारा दु गो गैस सिलेंडर, एगो पानी के मोटर, दु बोरा चावल चोरी कs लिहल गइल बा। ममिला में प्रधानाध्यापक दीनानाथ साह बतवलें कि बियफे के विधालय बंद कs के घरे चल गइलें। ओहिजा सुक के सबेरे जब विधालय पहुंचले तs देखलें कि रसोईघर के ताला तुड़ के चोरी के घटना के अंजाम दिहल गइल बा। एह संबंध में थाना पुलिस के सुचना दे दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]