[the_ad_group id="30365"]

हादसा: गला पs चाकू से हमला कs के जुवक के कइलस जख्मी, जीएमसीएच में भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेतिया: नगर थाना क्षेत्र के बसवरिया पिउनीबाग निवासी शेख सेराज के बेटा 22 साल के नेयाज के गला पs चाकू से हमला कs के गंभीर रूप से जख्मी कs दिहल गइल। जेकर इलाज सरकारी मेडिकल कॉलेज अस्पताल के सी ब्लॉक भवन इस्थित पांचवां मंजिल पs चलत बा। चिकित्सक लोग बतावल कि नेयाज के गला पs चाकू मार के जख्मी कs दिहल गइल बा। अस्पताल ओपी प्रभारी श्याम किशोर यादव बतवलें कि घटना के जानकारी मिलल बा। फर्द बयान के बाद ममिला दर्ज कs के संबंधित थाना के कार्रवाई खातिर सूचना दिहल जाई। अस्पताल में भर्ती नेयाज बतवलें कि ऊ मजदूरी करत रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]