Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हादसा: गला पs चाकू से हमला कs के जुवक के कइलस जख्मी, जीएमसीएच में भर्ती

393

बेतिया: नगर थाना क्षेत्र के बसवरिया पिउनीबाग निवासी शेख सेराज के बेटा 22 साल के नेयाज के गला पs चाकू से हमला कs के गंभीर रूप से जख्मी कs दिहल गइल। जेकर इलाज सरकारी मेडिकल कॉलेज अस्पताल के सी ब्लॉक भवन इस्थित पांचवां मंजिल पs चलत बा। चिकित्सक लोग बतावल कि नेयाज के गला पs चाकू मार के जख्मी कs दिहल गइल बा। अस्पताल ओपी प्रभारी श्याम किशोर यादव बतवलें कि घटना के जानकारी मिलल बा। फर्द बयान के बाद ममिला दर्ज कs के संबंधित थाना के कार्रवाई खातिर सूचना दिहल जाई। अस्पताल में भर्ती नेयाज बतवलें कि ऊ मजदूरी करत रहस।

583450cookie-checkहादसा: गला पs चाकू से हमला कs के जुवक के कइलस जख्मी, जीएमसीएच में भर्ती

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.