[the_ad_group id="30365"]

दुनिया के सबसे महंगा सब्जी, कीमत सुन के हो जाएब हैरान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आम तौर पs हमनी के सब्जी के बहुत सस्ता मानत बानी जा। वही कुछ सब्जी एतना महंगा होखेला कि खरीदे के क्षमता सभके में नईखे। आजु के लेख में हमनी के कुछ अइसने सब्जी के बारे में बतावे जा रहल बानी जा जवन बहुत महंगा होला।

85,000 रुपिया किलो सब्जी

‘हॉप शूट्स’ नाम के सब्जी खरीदल सभका क्षमता में ना होला। एह सब्जी के दुनिया के सबसे महंगा सब्जी कहल जाला। ई सब्जी यूरोपीय देशन में बहुत मशहूर बा। त बहुत कम लोग बा जे एह सब्जी के खरीद सकेला। एह सब्जी में कई गो औषधीय गुण होला।

खेती कहाँ होला

एह सब्जी के खेती भारत में पहिले तक ना होत रहे। हाल ही में हिमाचल प्रदेश में ‘हॉप शूट्स’ के खेती भइल। एह सब्जी के लागत ओतने बा जतना आम आदमी के सालाना तनखाह। एतना महंगा सब्जी के नाम पहिले शायदे सुनले होखब। बहुत लोग अयीसन होईहे जेकरा ए सब्जी के बारे में पता तक नईखे।

एतना महंगा काहे बा

‘हॉप शूट्स’ सब्जी के खेती ओतना आसान नइखे। एकरा के खेती करे में बहुत मेहनत लागेला। एह सब्जी के खेती करे में बहुत मेहनत करे के पड़ेला। आम सब्जी के मुक़ाबले ए सब्जी के खेती बहुत जादे मुश्किल अवुरी महंगा होखेला। अइसना में एकर खेती सभका खातिर संभव नइखे। इहे कारण भी बा कि एह सब्जी के दाम एतना महंगा बा।

कटाई मुश्किल बा

एह सब्जी के उगावे से बेसी कटाई में मेहनत लागेला। वैज्ञानिक रूप से Humulus lupulus के नाँव से जानल जाए वाली ई सब्जी हेम्प परिवार के कैनाबेसी के पौधा के एगो प्रजाति हवे। हॉप शूट के सब्जी तइयार होखे में करीब तीन साल लागेला। त रउरा सोच सकीलें कि एह सब्जी के उगावल केतना मुश्किल बा। इहे एगो खास कारण भी बा जवना के वजह से इ सब्जी बहुत महंगा पावल जाला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]