गोरखपुर में सुरू होखे वाला बा क्रूज : 12 करोड़ में बनल क्रूज, 2700 वर्गफीट साइज, 3 मंजिला; आज CM करिहें इनॉगरेशन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 15, 2023

गोरखपुर के आज दुगो बड़ सौगात मिलल। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रामगढ़ताल में क्वीन लेक क्रूज के सुभारंभ करिहें। संगही रामगढ़ताल के सामने बनल फाइव स्टार होटल कोर्टयार्ड मैरियट के उद्घाटन करिहें। इहां मुख्यमंत्री के क्रूज

Share

गोरखपुर के आज दुगो बड़ सौगात मिलल। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रामगढ़ताल में क्वीन लेक क्रूज के सुभारंभ करिहें। संगही रामगढ़ताल के सामने बनल फाइव स्टार होटल कोर्टयार्ड मैरियट के उद्घाटन करिहें।

इहां मुख्यमंत्री के क्रूज के विशेषता वाली एगो वीडियो देखावल जाई। जहां सीएम योगी खुद सबसे पहिले क्रूज के सैर करिहें आ एमे मिले वाला सुविधन के परखिहें। जेटी पs ओकर संबोधन होई। एकरा बाद सनीचर से क्रूज पs आम पब्लिक खातिर टिकटन के बुकिंग सुरू हो जाई।

दरअसल, CM योगी के ड्रीम प्रोजेक्ट में से एगो बा रामगढ़ताल के क्रूज क्वीन। लोक निर्माण विभाग 12 करोड़ रुपिया के लागत से एकरा तइयार कइल गइल बा। एह पs छत सहित तीन फ्लोर बा, जवना पs एक संगे 150 लोगन के बइठे के बेवस्था बा। एमे फाइव स्टार होटल जइसन सुविधा मिली। संगही वेज आ नानवेज खाये के बेवस्था होई।

रोजना चार ट्रिपन में होई क्रूज के बुकिंग

एतनही ना, क्रूज पs मॉकटेल काउंटर आ बार के सुविधा होई। हालांकि, लोकार्पण के बाद बार kr लाइसेंसो मिली। 2700 वर्गफीट के क्षेत्रफल वाला क्रूज पs तीन फ्लोर बनावल गइल बा। एकरा अलावे एगो वेटिंग प्लेटफॉर्म बा। क्रूज पs 150 लोगन के क्षमता के तीन हॉल आ 15 लोगन के क्षमता के एगो स्पेशल रुम बनावल गइल बा। एगो ट्रिप में दु घंटा तक क्रूज पs सवारी के आनंद उठावल जा सकी। एक दिन में क्रूज पs चार ट्रिप के बुकिंग होई।

होटल कोर्टयार्ड मैरियट के उद्घाटन करिहें सीएम

एकरा अलावे CM योगी ताल के ठीक सामने बनके तइयार फाइव स्टार कोर्टयार्ड-मैरियट के उद्घाटन करिहें।।मैरियट होटल इंडस्ट्री के इंटरनेशनल ब्रांड हs। गोरखपुर में रामगढ़ताल के सोझा 7.5 एकड़ में विकसित एह ब्रांड के होटल में विश्वस्तरीय रूम आ डाइनिंग सुविधा के संगे फिटनेस सेंटर, स्पा आदि के सेवा मिली निवेश के बेहतरीन गंतव्य के रूप में उभरल गोरखपुर आवे वाला उद्यमियन के कारोबारी टूर पs ठहरे खातिर एगो आउर सानदार विकल्प उपलब्ध होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.