Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनल के बीच स्पेशल ट्रेन के संचालन: 30 जून के छपरा से खुली गाड़ी, जानीं ट्रेन के टाइम शेड्यूल

182

छपरा आ लोकमान्य तिलक टर्मिनल के बीच ट्रेन के संचालन कइल जाई। गाड़ी संख्या 05063 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस समर स्पेशल गाड़ी के संचलन 30 जून के छपरा से कइल जाई। ओहिजा, 05064 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-सीवान समर स्पेशल के संचालन दु जुलाई के लोकमान्य तिलक टर्मिनल से कइल जाई।

छपरा आ आसपास के यात्रियन खातिर ई ट्रेन सहूलियत प्रदान करी। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार देलें।

ट्रेन नं- 05063 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस समर स्पेशल 30 जून के छपरा से 16.15 बजे प्रस्थान कs के सीवान से 17.25 बजे, देवरिया सदर से 18.50 बजे, गोरखपुर से 20.55 बजे, खलीलाबाद से 21.33 बजे, बस्ती से 22.03 बजे, गोंडा से 23.20 बजे दूसरका दिन बादशाहनगर से 01.43 बजे, ऐशबाग से 02.20 बजे, कानपुर सेंट्रल से 04.15 बजे, भरूवा सुमेरपुर से 06.05 बजे, रगौल से 06.25 बजे, बांदा से 07.45 बजे, चित्रकूट धाम से 08.47 बजे, सतना से 12.15 बजे, कटनी से 13.45 बजे, जबलपुर से 16.15 बजे, इटारसी से 20.05 बजे तीसरका दिन भुसावल से 00.15 बजे, नासिक रोड से 03.35 बजे आउर कल्याण से 06.30 बजे छूटके लोकमान्य तिलक टर्मिनस 07.25 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में ट्रेन नं- 05064 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-सीवान, दु जुलाई के लोकमान्य तिलक टर्मिनस से 12.45 बजे प्रस्थान कs के कल्याण से 13.20 बजे, नासिक रोड से 16.10 बजे, भुसावल से 19.35 बजे, दूसरका दिन इटारसी से 00.55 बजे, जबलपुर से 04.45 बजे, कटनी से 06.35 बजे, सतना से 08.35 बजे, चित्रकूट धाम से 12.42 बजे, बांदा से 14.05 बजे, रागौल से 14.45 बजे, भरूवा सुमेरपुर से 15.10 बजे, कानपुर सेंट्रल से 17.50 बजे, ऐशबाग से 19.25 बजे, बादशाहनगर से 19.47 बजे, गोंडा से 21.55 बजे, बस्ती से 23.10 बजे, खलीलाबाद से 23.35 बजे तीसरका दिन गोरखपुर से 00.40 बजे आ देवरिया सदर से 01.40 बजे छूटके सीवान 03.15 बजे पहुंची।

581530cookie-checkछपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनल के बीच स्पेशल ट्रेन के संचालन: 30 जून के छपरा से खुली गाड़ी, जानीं ट्रेन के टाइम शेड्यूल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.