[the_ad_group id="30365"]

चाय वाला के मिलल नोटिस, भैंस के दूध निकालके तइयार राख ताकि नाहिं होखे देर, जानि पूरा फैक्ट चैक! 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

जयपुर : सरकारी कार्यालय में देर से चाय ले अइला पs चाय बेचे वाला के नोटिस दिहल गइल। सुनला में तनी अजीब बा, लेकिन अयीसन एगो नोटिस सोशल मीडिया पs भयंकर रूप से वायरल होखता। राजस्थान के झालावाड़ जिला के मनोहरथाना पंचायत समिति में इ अजीब मामला सोझा आईल बा।

जवना में स्वच्छ भारत मिशन के ब्लॉक के ऑर्डिनेटर चाय बेचे वाला के नोटिस जारी कईले। ब्लॉक के ऑर्डिनेटर जय लंकेश के नाम पs चाय बेचे वाला के दिहल इ नोटिस सोशल मीडिया पs वायरल होखता।

मनोहर थाना कस्बे के तहसील रोड स्थित बीरम चंद्र लोधा के एगो छोट चाय के दुकान बा। एह दुकान से रोज पंचायत समिति मनोहर थाना में चाय पहुंचावल जाला। मिलल जानकारी के मुताबिक 26 जुलाई के स्वच्छ भारत मिशन अवुरी जल जीवन मिशन के प्रखंड संयोजक मोहन लाल चाय मंगा चुकल रहले। ओह घरी बीरम के लगे दूध ना रहे। एह पर उ भैंस के दूध निकाल के चाय ले आवे के बात कईले। एही बीच पंचायत समिति के एगो कर्मचारी के मन में खुराफात हो गईल अवुरी उ चाय बेचेवाला के नाम पs नोटिस तइयार क लेलस।

एही तरे ई वायरल हो गइल

नाम ना छपला पs एगो कर्मचारी बतवले कि पिछला 26 जुलाई के हँसी खातिर नोटिस दिहल गइल रहे। एह नोटिस के छाप आफिस के टेबुल पs पड़ल रह गइल। इहाँ बहुत लोग आवत-जात बाड़े। केहु मोबाइल से फोटो लेके सोशल मीडिया पs वायरल क देलस। नोटिस पs हस्ताक्षर जय लंकेश के नाम पs बा जबकि पंचायत समिति में ए नाम के कवनो कर्मचारी नईखन।

रोज चाय लेके जात बानी

चाय बेचे वाला बीरम चंद बतवले कि हम रोज चाय लेके जात बानी। एक हफ्ता पहिले मजाक में कुछ लिख के व्हाट्सएप पs डाल देले रहनी अपना मजा खातिर, लेकिन हम ओतना पढ़ल-लिखल नईखी। एही से ना बुझाइल, उ डिलीट क दिहलस।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]