आजु शेयर बाजार में आइल उछाल, सेंसेक्स 329 अंक ले चढ़ल, निफ्टी में भी देखल गइल तेजी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 15, 2022

कारोबारी सप्ताह के चउथे दिन शेयर बाजार में तेजी देखल गइल बा। बेहतर वैश्विक संकेत के बीच सेंसेक्स अउरी निफ्टी दूनों हरिहर निशान के संगे खुलल। बाजार खुलतही निफ्टी करीब 92.4 अंक के तेजी के

Share

कारोबारी सप्ताह के चउथे दिन शेयर बाजार में तेजी देखल गइल बा। बेहतर वैश्विक संकेत के बीच सेंसेक्स अउरी निफ्टी दूनों हरिहर निशान के संगे खुलल। बाजार खुलतही निफ्टी करीब 92.4 अंक के तेजी के साथ 18,096.15 पर पहुंच गइल। उहवें सेंसेक्स में 329.15 अंक के उछाल के साथ 60,676.12 पर पहुंच गइल।

निफ्टी के टॉप गेनर्स अउरी टॉप लूजर्स

एह दौरान सेंसेक्स के 30 में से 27 शेयर में तेजी देखल गइल। सबसे ज्यादा करीब दू फीसदी के तेजी मारुति के शेयर में देखल गइल। निफ्टी के टॉप गेनर्स में अदाणी पोर्ट्स, कोटक बैंक, श्री सीमेंट, मारुति अउरी ICICI BANK के शेयर रहल। उहवें निफ्टी के टॉप लूजर्स में हिंडाल्को, इंफोसिस, टाटा स्टील, INDUSIND BANK अउरी HERO MOTOCORP रहलें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.