[the_ad_group id="30365"]

सुरक्षाकर्मी रेलवे स्टेशन पे नमाज पढ़े वाला आदमी के रोक दिहले, नौकरी छूट गइल, जानीं कहाँ के बात ह?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुरक्षाकर्मी रेलवे स्टेशन पे नमाज पढ़े वाला आदमी के रोक दिहले, नौकरी छूट गइल, जानीं कहाँ के बात ह ?

इ मामला कनाडा के ह। जवना आदमी के संगे इ घटना रेलवे स्टेशन पे भईल ओकर नाम अहमद बतावल जाता। अहमद बतवले कि सुरक्षा गार्ड उनुका लगे आके कहले कि इहाँ नमाज मत करस|

रेलवे स्टेशन पे एगो आदमी नमाज पड़त रहे। एही से सुरक्षाकर्मी ओह मुस्लिम आदमी के नमाज चढ़ावे से रोक दिहले | बाद में एह सुरक्षाकर्मी के नौकरी से हटा दिहल गइल. इहे हाल कनाडा के बा। जवना आदमी के संगे इ घटना रेलवे स्टेशन पे भईल ओकर नाम अहमद बतावल जाता। अहमद बतवले कि सुरक्षा गार्ड उनुका लगे आके कहलस कि इहाँ नमाज मत करीं, सुरक्षा गार्ड कनाडा के वाया रेल के संगे काम करत रहे। अहमद के नमाज पूरा हो चुकल रहे जब उनुका के अयीसन करे से रोकल गईल।

 

सोशल मीडिया पे लोग नाराजगी जतवले बाड़े

अहमद कहले कि, सुरक्षाकर्मी के इ कहत सुनल जा सकता कि इहाँ नमाज मत करीं। हम नइखी चाहत कि रउरा लोग एहिजा नमाज पड़ी| रउरा चलते हमनी के बाकी ग्राहक परेशान हो रहल बाड़े। इ घटना पछिला सप्ताह के ह अउरी अहमद गुरुवार के ए बारे में मीडिया से बात कईले। ओहिजा से गुजरत एगो आदमी भी एह पूरा मामला के वीडियो बनवले रहे। ई वीडियो कुछ देर बाद वायरल हो गइल। जइसहीं ई वायरल भइल त सोशल मीडिया पे लोग अलग अलग तरीका से आपन नाराजगी जतावे लागल |

 

घटना के जांच के मांग

एह घटना पे वाया रेल आ कनाडा के मुसलमानन के राष्ट्रीय परिषद के ओर से बयान दिहल गइल बा। बयान के मुताबिक इ घटना बहुत दुखद अउरी निंदा करे लायक बा। संगठन के मांग बा कि ए घटना के सही जांच होखे के चाही। बयान में कहल गइल बा कि एह घटना का बाद ओटावा स्टेशन पर नमाज पढ़े से रोकल गइल अहमद से बातचीत जारी बा | अहमद के कहनाम बा कि ए घटना से उनुका बहुत शर्म आवत बा। संगे-संगे उहो बहुत परेशान बाड़े। ओह लोग के विश्वास नइखे होत कि ई सब कनाडा के राजधानी ओटावा में होखत बा| दोसरा तरफ वाया रेल के कहना बा कि एह पूरा घटना के जाँच कइल जाई | एकरा संगे-संगे उ मुस्लिम समुदाय के सुरक्षा सुनिश्चित करे के बात भी कईले बाड़े।

TAGS:, ,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]