[the_ad_group id="30365"]

अयोध्या पहुंचलें मॉरीशस के राष्ट्रपति, हनुमानगढ़ी के दर्शन कs के राम मंदिर के निर्माण के काम देखलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मॉरीशस के राष्ट्रपति पृथ्वीराज सिंह सोमार के अयोध्या पहुंचनें। लखनऊ से कार के माध्यम से वे सरयू तट स्थित सरयू होटल में पहुंचले। इहां से ऊ सीधे सबसे पहिले हनुमंत लला के दरबार गइलें। हनुमान जी के पूजा अर्चना अउर आरती के दौरान ऊ भक्ति भाव में लीन दिखनें। हनुमानगढ़ी के संत राजू दास उनकर स्वागत सत्कार कइलें।
मॉरीशस के राष्ट्रपति वैदिक मंत्रोच्चारण के साथ हनुमानगढ़ी में पूजा अर्चना कइलें। हनुमानगढ़ी में श्रद्धा अर्पित कइले के बाद राष्ट्रपति सीधे रामलला के दरबार पहुंचलें। ऊ रामलला के प्रति आपन श्रद्धा निवेदित कs के पूजा अर्चना कइलें अउर आरती उतरलें।
राम जन्मभूमि के मुख्य अर्चक आचार्य सत्येंद्र दास राष्ट्रपति के भव्य अभिनंदन कइलें। राष्ट्रपति एकरे बाद राम जन्मभूमि मंदिर निर्माण खातिर चल रहल काम के भी देखनें। मंदिर निर्माण कार्य के साक्षी बन के राष्ट्रपति निहाल नजर अइलें।
एकरे बाद राष्ट्रपति सिद्ध पीठ कनक भवन पहुंचलें अउर कनक बिहारी सरकार के पूजा अर्चना अउर आरती कइलें। कनक भवन के दर्शन के बाद राष्ट्रपति सरयू होटल वापस चल गइनें। जहां भोजन कइले के बाद ऊ दूपहर 1:00 बजे रवाना हो जइहें। राम नगरी में राष्ट्रपति के आगमन के ले के सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइल गइल बा। जगही-जगही रूट डायवर्जन कइल गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]