[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में चौबीस घंटा में पारा छव डिग्री सेल्सियस गिरल, वातावरण में आइल नमी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। मौसम एक बेर फेर करवट लेले बा। चौबीस घंटा में छव आ 48 घंटा में करीब दस डिग्री सेल्सियस की गिरावट भइल बा। मौसम में एह बदलाव से कइयन दिनन से भीषण गरमी से परेसान लोगन के राहत मिलल बा।

मौसम विभाग के मानीं तs मंगर के बुध के बादल छाइल रहला के संगे बरखा के आसार बा। हालांकि, मौसम में एह बदलाव के असर 26 मई तक लउके के संभावना बा। एह दौरान अधिकतम तापमान 36-37 डिग्री सेल्सियस रहे के अनुमान बा। एकरा बावजूद रात में तापमान इस्थिर रहला से गर्मी से राहत मिले के आसार नइखे।

पूर्वी उत्तर प्रदेश से मध्य महाराष्ट्र तक मध्य प्रदेश में समुद्र तल से 1.5 किमी ऊपर बनल ट्रफ रेखा से ई कम दबाव के क्षेत्र बनल बा। एकरा परिणाम स्वरूप गोरखपुर के अलावा आसपास के जिलन में कुछ जगहन पs बूंदाबांदी भइल। आगे दु-तीन दिन तक कम दबाव के क्षेत्र रहला के कारण बादल छाइल रहला के संगे आ गरज चमक के संगे बरखा हो सकत बा। हवा के दिशा बदलला के बाद से ठंडा हवा से तापमान कम होखे लागल बा।

सोमार के अधिकतम तापमान में करीब छव डिग्री सेल्सियस से जादे के गिरावट दर्ज कइल गइल, ओहिजा दिन में तेज घाम के कारण न्यूनतम तापमान में बढ़न्ती भइल। मौसम विभाग के आंकड़न पs नजर डालीं तs सोमार के अधिकतम तापमान 34.2 डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड कइल गइल। ई अतवार के मुकाबले छव डिग्री कम रहल। ओहिजा, न्यूनतम तापमान में करीब एक डिग्री के उछाल देखे के मिलल आ ई 28.4 डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड कइल गइल।

मौसम विभाग 21 से 23 मई तक गरज-चमक के संगही 25-30 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से तेज झाेंकदार हवा चले के संभावना जतावल गइल बा। एह बीच कुछ जगहन पs वज्रपातो हो सकत बा। ओहिजा, मौसम में एह बदलाव के कारण अधिकतम तापमान में गिरावट होई। न्यूनतम तापमान 27 डिग्री सेल्सियस के करीब बनल रही।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]