स्वर्ग के जमीन 100 डालर प्रति वर्ग मीटर के हिसाब से बिका रहल बा, लोग जीते जी करे लगले स्वर्ग में बुकिंग,पढ़ी पूरा खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 25, 2024

मैक्सिको के एगो चर्च से बड़ा अतरंगी खबर आ रहल बा जहवां एगो पादरी स्वर्ग के जमीन बेच रहल बाड़े। पादरी के दावा बा की ऊ डायरेक्ट भगवान से बात कs कइले बाड़े आ भगवान

Share

मैक्सिको के एगो चर्च से बड़ा अतरंगी खबर आ रहल बा जहवां एगो पादरी स्वर्ग के जमीन बेच रहल बाड़े। पादरी के दावा बा की ऊ डायरेक्ट भगवान से बात कs कइले बाड़े आ भगवान के अनुमति लेके ही ऊ स्वर्ग के जमीन के बेच रहल बाड़े।

रउवा के बता दी की स्वर्ग के जमीन के बेचे के नाम पे पादरी अभी ले हजार डॉलर इकट्ठा कs चुकल बाड़े, आ लोग अभी धरती पs रहते आपन स्वर्ग जाए के इंतजाम कs रहल बाड़े।

ई खबर सोशल मीडिया के माध्यम से खूब तेजी से वायरल हो रहल बा, जहवां लोग एह खबर के जम के चुटकी लेत बाड़े।

भारतीय यूज़र खास कs के मजा ले रहल बाड़े काहे की भारत में आए दिन धर्म के नाम पs अजीबो गरीब अतरंगा कुछ ना कुछ आवत रहेला,लोग अंधविश्वास के नाव पs चुप हो जाला,बाकी विदेश से अइसन खबर भारतीय यूज़र खातिर रिवेंज मोमेंट हो गइल बा।

कुछ लोग आमिर खान के आइल फिल्म पीके के फेमस डायलॉग ,” ई रोंग नम्बर बा,ऊपर कोई फिरकी ले रहल बा” लिख मजा लेले।

एक यूजर के कहनाम बा की जे केहू जमीन किन रहल बा पहिले स्वर्ग जा के चेक तs कs लेवे कइसन प्लॉट बा।

मेक्सिको आपन विभिन्न प्राचीन सभ्यता खातिर जानल जाला । माया सभ्यता इहवें पनपी रहे ।

मेक्सिको के समय भारत से साढ़े 11 घंटा पीछे बा । जब ऊहवा सुबह के 8 बजे ला, तs भारत में शाम के साढ़े 7 बजत रहे ला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.