[the_ad_group id="30365"]

चाकू से गला रेत के सूटकेस में लाश रखलस, तीन साल के बच्ची के माई बनल कातिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मुजफ्फरनगर में तीन साल के निर्दोष बच्चा के हत्या के मामला में पुलिस माई के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। नाजायज संबंध के चलते माई बेटी के हत्या कऽ देलस। अपराध कइला के बाद लाश के एगो सूटकेस में भर के घर के पिछवाड़ा में फेंक देलस। आरोपी माई निर्दोष बच्चा के गला चाकू से काट देले रहे।

पुलिस बिहार के मुजफ्फरनगर में तीन साल के बच्ची के हत्या के खुलासा कइले बिया। पुलिस एह मामला में आरोपी महतारी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। पुलिस के मुताबिक, क्राइम पेट्रोल सीरियल से प्रेरित होके माई अपना तीन साल के बेटी के हत्या कऽ देले रहे। आरोपी महिला के पहचान काजल कुमारी के रूप में भइल बा।

केहू आउर के साथे रहल चाहत रहली

मुजफ्फरपुर के पुलिस अधीक्षक अवधेश सरोज दीक्षित बतवले कि आरोपी महिला के दोसरा आदमी से नाजायज संबंध रहे। मेहरारू उनका साथे रहे के चाहत रहे। इहे कारण रहे कि उऽ अपना पति के छोड़े के फैसला पहिलही कऽ लेले रहली।

गला रेत के लेलस मासूम के जान

एसपी बतवले कि, उऽ आदमी महिला के सोझा एगो शर्त रखले कि उऽ अपना बेटी के छोड़ के चले। एकरा बाद महतारी अपना तीन साल के बेटी के रास्ता से हटावे के फैसला कइली। महिला 23 अगस्त के लइकी के गला काट देलस। एकरा बाद लाश के एगो सूटकेस में भर के घर के पिछवाड़ा में फेंक देलस। महिला छत पs लागल खून के दागो हटावे के कोशिश कइलस। पुलिस अपराध में इस्तेमाल भइल चाकू बरामद कऽ लेले बिया।

माई पूछताछ में भइली भाउक, घटना के पूरा कहानी बतवली

एसपी बतवले कि मिठनपुर थाना अंतर्गत रामबाग इलाका के जानकी बल्लभ शास्त्री लेन में बिना दावे वाला सूटकेस के जानकारी मिलल। सूटकेस खोलला पs तीन साल के बच्ची के लाश मिलल। एकरा बाद मिथनपुर थाना में अनजान आदमी के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज कऽ के जांच शुरू क दिहल गइल। पुलिस लइकी के महतारी से पूछताछ कइलस। उनकर शुरुआती बयान संतोषजनक ना रहे। कड़ा पूछताछ के बाद उ टूट गइली आ घटना के पूरा कहानी बतवली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]