Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

The Kapil Sharma Show: ‘द कपिल शर्मा शो’ के फैंस लोग के लागल 340 वोल्ट के झटका! इ कॉमेडियन छोड़लस शो, जानि का बा वजह!

The Kapil Sharma Show: 'द कपिल शर्मा शो' के फैंस लोग के लागल 340 वोल्ट के झटका! इ कॉमेडियन छोड़लस शो, जानि का बा वजह!

374

दरअसल, कुछ रिपोर्ट्स सोझा  आ रहल बा  जवना के अगर  मानल जाए  तs  पिछला सात सालन  से ‘कपिल शर्मा शो’ के जरिए लोगन के मनोरंजन करे वाला  कॉमेडियन सिद्धार्थ सागर  शो के छोड़े  के  फसिला कई  लेले बाड़े । हालांकि, एह  बार एकर वजह कपिल शर्मा ना बल्कि  एह शो मेकर्स  के नाव सोझा आ रहल बा । असल में , सिद्धार्थ अपना फीस में बढ़ोतरी चाहत रहले हs , बाकिर  मेकर्स उनकर सैलरी बढ़ावे के  तइयार ना रहले लोग ,एही कुल्ही बातन के लेके उ शो के छोड़े के आपन मन बना लेले रहले  आ अब एह बात के लगभग पुष्टि हो गईल बा । रिपोर्ट्स में तs  एहिजा  तक बतावल  जा रहल बा  कि सिद्धार्थ मुंबई से वापस अपना  घरे  दिल्ली आ गइल बाड़े  आ  अब शो में उनकर  लवटे  की जवन  संभावना बा उ बहुते कम बा ।

 

सिद्धार्थ सागर इस शो में ‘सेल्फी मौसी’, ‘उस्ताद’ घर छोड़ दास’, ‘फनवीर सिंह’ और ‘सागर पगलेतू’ जैसे-जैसे अलग-अलग किरदारों को निभाकर लोगों का मनोरंजन करते थे। कॉमेडियन की

रवा सभ के बता दीं कि, सिद्धार्थ सागर से पहिलहूँ एह शो के ढेरे  कलाकार छोड़ चुकल बाड़े । एह में कृष्णा अभिषेक, चंदन प्रभाकर जइसन  कॉमेडियन लोगन के नाव सामिल बा । कृष्णा अभिषेके एह बाति के  खुलासा कइले  रहले कि मेकर्स आ  उनका  बीचे  पइसा के बाति  के  लेके  कहासुनी हो गईल  बा । असल में , मेकर्स उनका के मुँह मांगा  कीमत नइखन दे पावत लोग । कृष्णा अभिषेक  इहो कहले कि उनका शो  के लोगन  से कवनो प्रॉब्लम नइखे  अउरी नाहि कपिल शर्मा से कुछो  प्रॉब्लम बा ।

448680cookie-checkThe Kapil Sharma Show: ‘द कपिल शर्मा शो’ के फैंस लोग के लागल 340 वोल्ट के झटका! इ कॉमेडियन छोड़लस शो, जानि का बा वजह!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.