The Kapil Sharma Show: ‘द कपिल शर्मा शो’ के फैंस लोग के लागल 340 वोल्ट के झटका! इ कॉमेडियन छोड़लस शो, जानि का बा वजह!

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 2, 2023

कृष्णा अभिषेक वाला कांड के बादे अब एगो अउरी भूचाल The Kapil Sharma Show में आ गईल बा आ अब इ खबर आवत बा कि मशहूर कॉमेडियन टीवी के सबसे बेहतरीन कॉमेडी शो 'द कपिल शर्मा शो' के छोड़े के फसिला कई लेले बाड़े । टीवी की दुनिया के पॉपुलर कॉमेडी शो 'द कपिल शर्मा शो' से कॉमेडियन कपिल शर्मा अपना पूरा टीम के साथे लोगन के हंसावत गुदगुदावत रहेले। बाकिर इ शो जतना पॉपुलर बा , ओतने एकरा संगे कॉन्ट्रेवर्सीयो जुड़ल रहेला । कबो कपिल शर्मा के संगे शो के कंटेस्टेंट्स के अनबन तs कबो कवनो कलाकार के शो के छोड़के गईला के खबर के लेके अक्सरहां इ शो चर्चा के केंद्र में बनल रहेला । आजुओ एह शो के लेके एगो अइसने खबर सामने आ रहल बा , जेकरा मुताबिक शो से जुड़ल एगो कलाकार 'द कपिल शर्मा शो' के लात मार देले बाड़े ।

Share

दरअसल, कुछ रिपोर्ट्स सोझा  आ रहल बा  जवना के अगर  मानल जाए  तs  पिछला सात सालन  से ‘कपिल शर्मा शो’ के जरिए लोगन के मनोरंजन करे वाला  कॉमेडियन सिद्धार्थ सागर  शो के छोड़े  के  फसिला कई  लेले बाड़े । हालांकि, एह  बार एकर वजह कपिल शर्मा ना बल्कि  एह शो मेकर्स  के नाव सोझा आ रहल बा । असल में , सिद्धार्थ अपना फीस में बढ़ोतरी चाहत रहले हs , बाकिर  मेकर्स उनकर सैलरी बढ़ावे के  तइयार ना रहले लोग ,एही कुल्ही बातन के लेके उ शो के छोड़े के आपन मन बना लेले रहले  आ अब एह बात के लगभग पुष्टि हो गईल बा । रिपोर्ट्स में तs  एहिजा  तक बतावल  जा रहल बा  कि सिद्धार्थ मुंबई से वापस अपना  घरे  दिल्ली आ गइल बाड़े  आ  अब शो में उनकर  लवटे  की जवन  संभावना बा उ बहुते कम बा ।

 

सिद्धार्थ सागर इस शो में ‘सेल्फी मौसी’, ‘उस्ताद’ घर छोड़ दास’, ‘फनवीर सिंह’ और ‘सागर पगलेतू’ जैसे-जैसे अलग-अलग किरदारों को निभाकर लोगों का मनोरंजन करते थे। कॉमेडियन की

रवा सभ के बता दीं कि, सिद्धार्थ सागर से पहिलहूँ एह शो के ढेरे  कलाकार छोड़ चुकल बाड़े । एह में कृष्णा अभिषेक, चंदन प्रभाकर जइसन  कॉमेडियन लोगन के नाव सामिल बा । कृष्णा अभिषेके एह बाति के  खुलासा कइले  रहले कि मेकर्स आ  उनका  बीचे  पइसा के बाति  के  लेके  कहासुनी हो गईल  बा । असल में , मेकर्स उनका के मुँह मांगा  कीमत नइखन दे पावत लोग । कृष्णा अभिषेक  इहो कहले कि उनका शो  के लोगन  से कवनो प्रॉब्लम नइखे  अउरी नाहि कपिल शर्मा से कुछो  प्रॉब्लम बा ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.