[the_ad_group id="30365"]

बच्चा नाइ होखले पर ससुराल वाले बेटी के लेहलें जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इटवा थाना क्षेत्र के हरिजोत गांव में अतवार के संदिग्ध हाल में विवाहिता के मौत हो गइल। पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहले बा। मृतका के पिता बेटी के ससुराल वालन पर शादी के डेढ़ वर्ष बाद भी बच्चा नाइ होने के कारण प्रताड़ित करे अउर हत्या कर देहले के आरोप लगावत कार्रवाई के मांग कइलें बानें।
बलरामपुर जनपद के गौरा चौराहा के गनवरिया गांव निवासी ललई के मुताबिक, उ अपने बेटी के शादी इटवा थाना क्षेत्र के हरिजोत गांव निवासी बब्लू के साथ कइले रहले। शादी के डेढ़ वर्ष बीत गइले के बाद बावजूद बच्चा न होखले से बेटी के सास, ससुर, पति अउरी ननद उनके प्रताड़ित करत रहलें रहलें।
अतवार के सूचना मिलल कि हमार बेटी के ई लोग मार देहले बा। उ हरिजोत पहुंचलें त बेटी के मौत हो गइल रहे। पिता इटवा पुलिस के शिकायती पत्र देकर दहेज हत्या के आरोप लगावत कार्रवाई के मांग कइले बानें। एसओ विंदेश्वरीमणि तिवारी कि कहनाम बा कि मामला संज्ञान में बा। पोस्टमार्टम रिपोर्ट के आधार पर आगे के कार्रवाई कइल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]