[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Weather: दिल्ली से तीन गो, मुंबई से एक घंटा देर से आईल फ्लाइट, कुहासा बनल वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कुहासा के चलते सोमार के भी दिल्ली से आवे वाला स्पाइस जेट के उड़ान करीब तीन घंटा के देरी के संगे गोरखपुर पहुंचल। एकरा अलावे मुंबई से आवे वाली फ्लाइट भी एक घंटा देरी से पहुंचल। एकरा चलते यात्री के परिजन के बहुत देर इंतजार करे के पड़ल। दिल्ली के फ्लाइट देर से लवटल।

गोरखपुर हवाई अड्डा से दिल्ली, मुंबई, कोलकाता समेत कई प्रमुख जगहन पs हवाई सेवा चलेला। करीब एक हफ्ता से कुहासा के चलते रोज कवनो एक उड़ान में देरी होखता। सोमार के दुपहरिया करीब 3.45 बजे दिल्ली से आवे वाली फ्लाइट तीन घंटा के देरी के संगे गोरखपुर पहुंचल। एकरा बाद करीब एक घंटा के देरी से वापस दिल्ली चल गईल।

एही तरे सांझ 5 बजे मुंबई से आवे वाली फ्लाइट भी करीब एक घंटा के देरी के संगे गोरखपुर पहुंचल। बता दीं कि कुहासा के चलते दिल्ली से आवे वाली उड़ान में रोज देरी होखता। सोमार के दिने गोरखपुर में जब मौसम साफ हो गइल तs एहिजा से सबेरे के उड़ान समय पs निकल गइल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]