[the_ad_group id="30365"]

मंकीपॉक्स के जवना वेरियंट के WHO बतवलस ‘इमरजेंसी’ ओकर इंडिया में मिलल केस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में मंकीपॉक्स के पहिला मामला मिलल बा। बतावल जाता कि पछिला सप्ताह केरल के मलप्पुरम में इ मामला मिलल बा। जांच के बाद केस के पुष्टि हो गइल बा।

जवना आदमी में चेचक के मामला के पुष्टि भइल बा, उऽ 38 साल के बाड़े आ उनकर यूएई के यात्रा के हिस्ट्री मिलल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक, एह व्यक्ति में एमपॉक्स क्लैड 1 वेरिएंट के पुष्टि भइल बा। भारत में एह वेरिएंट के ई पहिला मामला बा। डब्ल्यूएचओ एह क्लेड के विश्व स्वास्थ्य आपातकाल घोषित कऽ दिहले बा। बतावल जा रहल बा कि एक हफ्ता से ओह आदमी के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। उनुका के आइसोलेशन में राखल गइल बा आ उनकर इलाज चलऽता।

मरीज के हालत इस्थिर बा

सूत्र से पता चलल कि मरीज के हालत इस्थिर बा। उ बतवले कि इ एह प्रकृति के पहिला मामला रहे। एह प्रकृति के चलते विश्व स्वास्थ्य संगठन पिछला महीना दूसरा बेर एमपॉक्स के who आपातकाल घोषित कइले रहे। एकरा से पहिले दिल्ली में मिलल एमपॉक्स के मामला हरियाणा के हिसार निवासी एगो 26 साल के युवक के रहे, जवन कि एह महीना के शुरुआत में पश्चिम अफ्रीका के ‘क्लेड 2’ फॉर्म से संक्रमित पावल गइल रहे।

डब्ल्यूएचओ 2022 से एमपॉक्स के ‘अंतर्राष्ट्रीय चिंता के जनस्वास्थ्य आपातकाल’ घोषित कइला के बाद से भारत में 30 मामला दर्ज भइल बा।

 पहिला एमपॉक्स मरीज डिस्चार्ज हो गइल

एह महीना के शुरुआत में दिल्ली के लोक नायक जयप्रकाश नारायण अस्पताल में भर्ती एमपॉक्स के मरीज के छुट्टी दे दिहल गइल बा। अस्पताल के अधिकारी एकर पुष्टि कइले। मरीज के शनिचर के छुट्टी दे दिहल गइल। हरियाणा के हिसार निवासी 26 साल के मरीज के अस्पताल में एमपॉक्स केस खातिर बनावल इमरजेंसी वार्ड में करीब 12 दिन तक भर्ती करावल गइल। मरीज के 8 सितंबर के अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे आ 9 सितंबर के डॉक्टर उनका बेमारी के पुष्टि कइले रहले। अस्पताल के एगो अधिकारी एमपॉक्स मरीज के 21 सितंबर के डिस्चार्ज होखे के पुष्टि कइले। अस्पताल में 20 गो वार्ड बा, जवना में से 10 गो एमपॉक्स के संदिग्ध केस खातिर बा आ बाकी में एमपॉक्स के पुष्टि भइल मरीजन खातिर बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]