[the_ad_group id="30365"]

100 साल में धरती खतम हो जाई… ‘, Nitish Kumar के दावा, बिहार CM कहले – हम मोबाइल फोन देखलो छोड़ देनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Chief Minister Nitish Kumar बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मोबाइल फोन के इस्तेमाल ना करेले। ई बात खुद सीएम कहले हऽ। उऽ इहो दावा कइले हऽ कि अगिला 100 साल में धरती खतम हो जाई। उऽ एकर वजहो बतवले हऽ। सीएम नीतीश कुमार ई दावा बांका के अमरपुर में आयोजित कइल गइल जनसभा के संबोधित करत कइले।

अपना संबोधन में नीतीश कुमार कहले कि साल 2019 में पता चलल रहे कि अगिला सौ साल में दुनिया खत्म हो जाई। एकरा बाद से मोबाइल फोन देखल आ इस्तेमाल कइल बंद कर देले। बता दें कि सीएम इहाँ जदयू उम्मीदवार गिरधारी यादव के पक्ष में आयोजित सभा में प्रचार खातिर आइल रहलें।

सब कोई मर जाई : नीतीश

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मंच से भाषण के दौरान एगो नेता के मोबाइल फोन इस्तेमाल करत देख के ई सारा बात कहले उऽ कहले कि हमहू पहिले देखत रही। दिल्ली में रहनी, तबे से देखत रही, तब बहुत कम रहे।

उऽ कहले कि बाद में हमरा पता चलल कि ई (मोबाइल) अतना बढ़ गइल बा कि 100 साल में धरती खत्म हो जाई। पहिलहू , जब धरती खत्म भइल बा.. इहे आ गइल बा आ एक-एक आदमी देखत रही, हर चीज भूल जाई…। सब चीज एके बेर में खत्म हो जाई। सब कोई भूला जाई आ सब कोई मर जाई। हम सब केहू के मना करेनी बाकिर सब कोई इहे (मोबाइल) देखत रहेला।

बाद में सीएम कहले – हम तऽ मजाक करत रहीं

एकरा बाद नीतीश कुमार हंसत कहले कि उऽ तऽ हम मजाक करत रहनी इंकाऽ से , बाकिर का करबऽ। पॉपुलर बा तऽ ए घरी देखबे करी। हम काहे कुछ करब, बाकिर हम देखल छोड़ देनी। हमरा लागल बड़ी खराब चीज बा, ई तऽ एगो कदम हऽ।

सीएम अतना बात काहे कहले ?

दरअसल, सीएम सभा में साइकिल योजना के बारे में बतावत रहले । एही दौरान उऽ मंच से कहले कि  भुलइहऽ लो मत, याद रखिहऽ। अब चलत (मोबाइल) बा तऽ याद ना  रखल जाला। एही दौरान उनकर नजर मंच पर बइठल जदयू नेता पऽ पड़ल जे कि मोबाइल फोन में कुछ देखत रहले । एकरा बाद उऽ कुछ देर ले मोबाइल फोन के नुकसान के बारे में बतावत रहले। इसी क्रम में उऽ धरती के खत्म होखे के बात कहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]