[the_ad_group id="30365"]

GORKHPUR: भिखारी ठाकुर पऽ केंद्रित रहल नाटक ‘बटोही’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

GORKHPUR: एमेच्योर थिएटर ग्रुप आ रैम्पस स्कूल के संयुक्त तत्वावधान में एतवार के भोजपुरी के महान कलाकार भिखारी ठाकुर के जीवन पऽ आधारित नाटक ‘बटोही’ के मंचन रैम्पस स्कूल, शाहपुर के प्रेमचंद सभागार में कइल गइल।

एगो कलाकार के निर्माण आ जीवन के संघर्ष के कहानी समझावत इ नाटक भोजपुरी के नाटककार भिखारी ठाकुर पऽ केंद्रित रहल जवन जातीय दुर्व्यवस्था, स्त्रियन के दुख आ तात्कालिक समाज के अनेक विसंगतियन के प्रभावशाली चित्रण रहे। मुख्य भूमिका में आदित्य राजन, रितिका सिंह, मीरा सिकदार, शरद श्रीवास्तव आ शशि शेखर राय अपना अभिनय से सभकर मन मोहलें। अलग – अलग भूमिका में नंदाराम जाट, मुकेश प्रान, विदिशा, लक्ष्मी, शिवतोष, कृष्ना, कन्हैया, अमित, त्रिपुरारी पाण्डेय, प्रियंका, प्रिया, साक्षी मौजूद रहले। नाटक के पार्श्व में अंजना लाल, सूर्याशु राहुल, पवन, मनीष सहयोग देले। हृषिकेश सुलभ के कलम से लिखल एह नाटक के निर्देशन आसिफ जहीर कइले। एह अवसर पऽ रैम्पस स्कूल के डायरेक्टर विनीता श्रीवास्तव, प्रदीप सुविज्ञ, विवेक श्रीवास्तव, रवींद्र रंगधर, निशिकांत पाण्डेय, श्रीनारायण पाण्डेय, मानवेन्द्र त्रिपाठी मौजूद रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]